Ashadh Month Ekadashi 2025 : आषाढ़ महीना में एह दिन रखल जाई एकादशी व्रत, जानीं तिथि

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 11, 2025

Ashadh Month Ekadashi 2025 Dates: हिंदू धरम में एकादशी व्रत के विशेष महत्व होला। ई व्रत हर महीना में दु बेर रखल जाला आ विशेष रूप से भगवान विष्णु के समर्पित होला। मान्यता बा कि

Share

Ashadh Month Ekadashi 2025 Dates: हिंदू धरम में एकादशी व्रत के विशेष महत्व होला। ई व्रत हर महीना में दु बेर रखल जाला आ विशेष रूप से भगवान विष्णु के समर्पित होला। मान्यता बा कि जे श्रद्धालु एह दिन विधिपूर्वक व्रत आ पूजoन करेला, ओकरा श्रीहरि विष्णु के संगे-संगे माता लक्ष्मी के किरपा प्राप्त होला। एकादशी के व्रत हर महीना के कृष्ण आ शुक्ल पक्ष के एकादशी तिथि के रखल जाला। आषाढ़ महीना में दुगो प्रमुख एकादशी आवेला, योगिनी एकादशी आ देवशयनी एकादशी। आईं जानल जाव कि कहिया रखल जाई योगिनी एकादशी आ देवशयनी एकादशी के व्रत…

योगिनी एकादशी 2025 के तिथि

आषाढ़ महीना के कृष्ण पक्ष के एकादशी के योगिनी एकादशी कहल जाला। एह तिथि के सुरुआत 21 जून के सबेरे 7:18 बजे होई आ 22 जून के सबेरे 4:27 बजे एकर समापन होई। उदया तिथि के अनुसार योगिनी एकादशी व्रत 21 जून 2025, सनिचर के रखल जाई।

योगिनी एकादशी व्रत पारण समय

योगिनी एकादशी व्रत के पारण व्रत के अगिला दिन माने 22 जून के दुपहरिया 1:47 से 4:35 बजे तक के अवधि में कइल जाई। एह दौरान व्रती प्रसाद ग्रहण कs के व्रत खोल सकेला।

देवशयनी एकादशी 2025 के तिथि

आषाढ़ महीना के शुक्ल पक्ष के एकादशी तिथि के देवशयनी एकादशी कहल जाला। एह तिथि के सुरुआत 5 जुलाई 2025 के सांझ 6:58 बजे होई आ समापन 6 जुलाई 2025 के रात 9:14 बजे होई। उदया तिथि के मोताबिक देवशयनी एकादशी के व्रत 6 जुलाई 2025, अतवार के रखल जाई।

देवशयनी एकादशी व्रत पारण समय

देवशयनी एकादशी व्रत के पारण व्रत के अगिला दिन माने 7 जुलाई के कइल जाई। एह दिन भोरे 5:29 से 8:16 बजे तक पारण कइल जा सकत बा।

एह दुनो एकादशी के पालन श्रद्धा आ विधि-विधान से कइला पs ना खाली पुण्य के प्राप्ति होला, बलुक जिनगी में सुख-समृद्धि आ मानसिक शांति बनल रहेला। धार्मिक मान्यता के अनुसार, देवशयनी एकादशी से भगवान विष्णु चार महीना खातिर योग निद्रा में चले जालें। जवना के चातुर्मास कहल जाला।

UP Weather : आजो कई जिला में 45 के पार जा सकेला पारा, स्वास्थ्य विभाग अलर्ट जारी कइलस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.