[the_ad_group id="30365"]

लॉ इन ऑर्डर के लेके सम्राट चौधरी बोललें CM नीतीश पर हमला, कहलें-बिहार में नइखे कवनो सरकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Patna: बिहार में विपक्ष लगातार लॉ इन आर्डर के लेके हमलावर बा। सारण जिला में जहरीली शराब पियला से मौतन के आंकड़ा बढ़के 21 पहुंच गइल बा। जवना के बाद अब बिहार विधान परिषद के नेता प्रतिपक्ष सम्राट चौधरी बिहार सरकार पर हमला बोललें बाड़ें।

बिहार में नइखे कवनो लॉ एंड ऑर्डर

बिहार विधान परिषद के नेता प्रतिपक्ष सम्राट चौधरी नीतीश सरकार पर हमला बोलत कहलें कि बिहार में कवनो सरकार नइखे। बिहार में लॉ एंड ऑर्डर नइखे। लोग शराब पीके मर रहल बा लोग। एकर दोषी के बा? सरकार एह पर कवनो जवाब नइखे दे रहल।

CM नीतीश पर कराई FIR

CM नीतीश पर हमला हमला बोलत कहलें कि हम लोगन से आग्रह करेम, जदि बिहार सरकार राउर FIR नइखे लिखत, तs रउ आ कोर्ट जा सकत बानी आ CM नीतीश कुमार के अभियुक्त बना सकत बा लोग।

आगे बोलत ऊ कहलें कि CM नीतीश कुमार जब कबो शराब माफियन के खिलाफ बोलले तs JDU के खजाना भर दिहल जाला। जवना दिन ऊ माफियन के खिलाफ कवनो बयान देले, ऊ सब JDU के खजाना भर देवेला लोग।

CM नीतीश के देले चैलेंज

सम्राट चौधरी नीतीश कुमार के चैलेंज देत कहलें कि विधानसभा के बंद करी, अगर हिम्मत बा तs जनता के बीच में चलीं। जवना सीट से नीतीश कुमार चुनाव लड़िहें हमहूं ओह सीट से चुनाव लड़ लेम, नीतीश कुमार में हिम्मत नइखे कि ऊ चुनाव लड़ पावस, काहेकि 17 साल से ऊ चुनाव नइखन लड़लें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]