[the_ad_group id="30365"]

छेड़छाड़ के विरोध पर बारात में हमला, दूल्हा के चाचा सहित चार लोग भइलें घाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आगरा के खंदौली कस्बा में सोमार के रात बरात चढ़ाई के दौरान शामिल महिला के संगे वैन सवार युवक सब छेड़छाड़ क देहलें। विरोध कइले पs युवक सब बरात पर लाठी-डंडा से हमला कs दिहलें। एहमें दूल्हा के चाचा सहित चार लोग घाही हो गइलें। पुलिस के पहुंचले पर हमलावर वैन समेत भाग निकललें सब। अज्ञात हमलावर के खिलाफ थाना खंदौली में तहरीर दिहल गइल बा

इहां के बा मामला

खंदौली के एगो गांव निवासी युवक के सोमार के कस्बा के मैरिज होम से शादी रहल। कन्यापक्ष के लोग कासगंज से आइल रहनें। रात करीब 11 बजे बरात चढ़ाई के कार्यक्रम चलत रहे। दूल्हे के चाचा बतवलें कि बैंक के समीप वैन सवार करीब छह युवक बरात में शामिल हो गइलें। डांस करे के बहाने महिला सब से छेड़छाड़ करे लगनें। विरोध कइला पs कार सवार सब जबरन आतिशबाजी के छुड़ा के बरातियन पs चलल शुरू कs दिहलें।

बरातियन पर बोललस हमला

उहवें पास में स्थित दुकान के बाहर रखल लकड़ी के काउंटर के तूड के ओसे डंडा निकलले अउर बरातियन पर हमला कs दिहलें। एहसे घबराकर बैंड वालो भाग निकललें। हमला में दूल्हा के चाचा समेत चार लोग घायल हो गइलें। सूचना पर पहुंचल पुलिस घायलन के अस्पताल मे भर्ती करावल गइल। प्रभारी थानाध्यक्ष रमित आर्य बतवलें कि तहरीर मिलल बा। आरोपियन के तलाश कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]