Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आज से सुरू होई साहित्य, संस्कृति आ कला के महोत्सव गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल ‘शब्द संवाद’

2,954

✅ कला, साहित्य आ संस्कृति जइसन विषयन पs सजी विमर्श के महफिल।

✅ प्रवेश होई पूरा तरे नि:शुल्क

✅ सुप्रसिद्ध पत्रकार रुबिका लियाकत करिहें “बदले–बदले बदले से एंकर, बदला –बदला सा न्यूज़ रूम” विषय पs बात।

✅ प्रसिद्ध फिल्म अभिनेता संजय मिश्र से होई “जिंदगानी विद संजय मिश्रा” में बात।

✅ अरुण कमल, अग्निशेखर, प्रो० विश्वनाथ प्रसाद तिवारी, प्रियदर्शन, अनंत विजय, नागेंद्र, देवेंद्र आर्य जइसन साहित्यकार रही लो मौजूद।

✅ चर्चित लेखक सत्य व्यास आ मशहूर गीतकार डॉक्टर सागर अलग-अलग सत्रन में दर्शकों से होई लो रूबरू।

✅ सुप्रसिद्ध किस्सागो महमूद फारूकी आ गया दारेन शाहिदी दास्तान–ए–राग दरबारी के प्रस्तुति दी लो।

गोरखपुर। गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल ‘शब्द संवाद’ के छठवां संस्करण आज से बैंक रोड इस्थित होटल विवेक उत्सव लॉन में सुरू होई। दु दिन तक चले वाला एह उत्सव में साहित्य, संस्कृति, कला, मीडिया तआ रंगमंच जइसन कइयन मुद्दन पs विमर्श होई। अलग-अलग क्षेत्रन के ख्यातिलब्ध हस्तियन से सजल एह कार्यक्रम में आज माने पहिला दिन कुल सात सत्र होई।

पहिला सत्र उद्घाटन सत्र होई। एमे ‘लोकतंत्र आ साहित्य’ विषय पs चरचा में अरुण कमल, अग्निशेखर आ प्रोफेसर विश्वनाथ प्रसाद तिवारी जइसन दिग्गज उपस्थित रही लो। दुसरका सत्र में लोकप्रिय लेखक सत्य व्यास दर्शकन से ‘गुफ्तगू’ करिहें। “साहित्य में वैचारिकी: आग्रह दबाव आ प्रभाव” विषयक तीसरका सत्र में अनंत विजय, प्रियदर्शन, नागेंद्र आ देवेंद्र आर्य जइसन सुप्रसिद्ध साहित्यकार दर्शकन से मुख़ातिब होई लो। मीडिया के समर्पित पांचवां सत्र जवना के विषय “बदले बदले से एंकर, बदला बदला सा न्यूज़ रूम” बा में सुप्रसिद्ध पत्रकार रुबिका लियाकत उपस्थित रहिहें।

शब्द संवाद के छठवां सत्र में सुप्रसिद्ध फिल्म अभिनेता संजय मिश्रा “जिंदगानी विद संजय मिश्रा” विषय के साथ दर्शकन से रूबरू होइहें। पहिला दिन के सातवां सत्र में चर्चित बॉलीवुड गीतकार आ मुंबई में का बा फेम गीतकार डॉ. सागर “लोकराग का रथ: फ्रॉम बलिया टू बॉलीवुड” एह वार्ता में सम्मिलित होइहें। पहिला दिन के अंतिम सत्र ‘दास्तानगोई’ के समर्पित होई। जेमे विश्व प्रसिद्ध किस्सागो महमूद फारूकी आ दारेन शाहिदी श्रीलाल शुक्ल के प्रसिद्ध उपन्यास राग दरबारी पs आधारित दास्तान–ए–राग दरबारी प्रस्तुत करी लो।

ई जानकारी देत गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल के अध्यक्ष कुमार हर्ष, कन्वीनर अचिंत्य लाहिड़ी आ सचिव संजय कुमार शहर आउर आसपास के क्षेत्र के कला आ साहित्य प्रेमियन के एह कार्यक्रम में आमंत्रित कइल गइल बा। संगही बतावल लो कि कार्यक्रम में प्रवेश पूरा तरे नि:शुल्क रही।

696470cookie-checkआज से सुरू होई साहित्य, संस्कृति आ कला के महोत्सव गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल ‘शब्द संवाद’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.