[the_ad_group id="30365"]

303 भारतीयन के ले जात रहे विमान के फ्रांस में रोकल गइल, पेरिस से दिल्ली ले मचल हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संयुक्त अरब अमीरात (यूएई) से निकारागुआ जाए वाला विमान के फ्रांस में रोक दिहल गइल बा। एह विमान में 303 भारतीय यात्री सवार बाड़े। जइसहीं ई खबर मिलल पेरिस से दिल्ली ले दहशत मच गइल। जानकारी के मुताबिक विमान के ‘मानव तस्करी’ के शक में फ्रांस में उतरल बा। फ्रांस में भारतीय दूतावास यात्रियन से संवाद करे खातिर काउंसलर एक्सेस हासिल कs लिहले बा। उ लोग स्थिति के जायजा ले रहल बाड़े। संगही, यात्री लोग के कवनो प्रकार के समस्या के सामना ना करे के कोशिश भी कईल जाता।

दू गो यात्रियन के हिरासत में लिहल गइल

‘ले मोंडे’ अखबार के खबर के मुताबिक राष्ट्रीय संगठित अपराध विरोधी इकाई जेयूएनएएलसीओ जांच के जिम्मा लेले बिया। पेरिस के अभियोजक कार्यालय एगो बयान जारी कs कहलस कि विशेष जांचकर्ता विमान में सवार सभ यात्री से पूछताछ करत बाड़े अवुरी आगे के जांच के इंतजार में दु लोग के हिरासत में लिहल गईल बा। एगो अधिकारी बतवले कि रोमानियाई कंपनी ‘लीजेंड एयरलाइंस’ के ए340 विमान बियफ़ें के ‘लैंडिंग के बाद वेट्री हवाई अड्डा पs खड़ा रहे।’ अधिकतर व्यावसायिक विमान पेरिस से 150 किलोमीटर पूरब में वैट्री हवाई अड्डा से चले लें।

पुलिस पूरा हवाई अड्डा के घेराबंदी क देलस

‘ली मोंडे’ के खबर बा कि अधिकारी कहले कि विमान में ईंधन भरे के बा अवुरी जहाज पs सवार 303 भारतीय नागरिक शायद यूएई में काम करेले। फ्रांस पहुंचला के बाद पहिले यात्रियन के विमान में रखल गईल, लेकिन ओकरा बाद निकाल के टर्मिनल भवन में भेज दिहल गईल। पुलिस पूरा हवाई अड्डा के घेराबंदी कs देले बिया।

फ्रांस के अधिकारी ए मामिला के जांच शुरू कs देले

खबर के मुताबिक अभियोजक कार्यालय के कहनाम बा कि, विमान में सवार लोग मानव तस्करी के शिकार होखे के सूचना मिलल बा। आखिरकार यात्री लोग के हवाई अड्डा के मुख्य हॉल में भेज दिहल गईल, जहां बियफ़ें के रात बितावे खातीर बिस्तर के इंतजाम कईल गईल बा। फ्रांस के एगो विशेष संगठित अपराध इकाई के जांचकर्ता ए मामिला के जांच करतारे। ‘लीजेंड एयरलाइंस’ अबहीं ले एह घटना के कवनो जवाब नइखे दिहले।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]