Swati Maliwal Assault Case: जांच खातिर CM आवास पहुंचल दिल्ली पुलिस, CCTV आ DVR लेवे के परयास

By Anurag Ranjan

Published on: May 19, 2024

Swati Maliwal Assault Case: AAP सांसद स्वाति मालीवाल के साथे मारपीट मामला के जांच के सिलसिला में दिल्ली पुलिस सीएम केजरीवाल के आवास पs पहुंचल बिया। एडिशनल डीसीपी अंजिता चेप्याला सिविल लाइन्स थाना के एसएचओ

Share

Swati Maliwal Assault Case: AAP सांसद स्वाति मालीवाल के साथे मारपीट मामला के जांच के सिलसिला में दिल्ली पुलिस सीएम केजरीवाल के आवास पs पहुंचल बिया। एडिशनल डीसीपी अंजिता चेप्याला सिविल लाइन्स थाना के एसएचओ समेत दिल्ली पुलिस के एगो टीम सीएम अरविंद केजरीवाल के आवास पर पहुंचल बिया। बता दी एह मामले में दिल्ली पुलिस काल्ह मामला के मुख्य आरोपी बिभव कुमार के गिरफ्तार कइले रहे।

AAP सांसद स्वाति मालीवाल के साथे मारपीट मामला के जांच के सिलसिला में दिल्ली पुलिस सीएम केजरीवाल के आवास पs पहुंचल बिया। एडिशनल डीसीपी अंजिता चेप्याला, सिविल लाइन्स थाना के एसएचओ समेत दिल्ली पुलिस के एगो टीम सीएम अरविंद केजरीवाल के आवास पर पहुंचल बिया । बता दी, एह मामला में दिल्ली पुलिस काल्ह मामला के मुख्य आरोपी बिभव कुमार के गिरफ्तार कइले रहले।

पुलिस के मोताबिक, जांच एजेंसी सीएम आवास पs एहिसे पहुंचल बिया, काहेकि घटना के डीवीआर अबही ले उपलब्ध नइखे करावल गइल। ओहिजा मामला में सीसीटीवी फुटेजो के तलाशी लेहे के बा। पुलिस ई प्रयास करी कि घटना से जुड़ल साक्ष्य उनका मिल सके।

सीएम केजरीवालो अपना आवास पऽ पहुंचले

ओहिजा, सीएम अरविंद केजरीवालो बीजेपी मुख्यालय के ओर मार्च खत्म कऽ के अपना आवास पs पहुंच चुकल बाड़े। ओने पुलिस पूरा इलाका में धारा 144 लागू कऽ देले बिया । एही वजह से आप नेता लो के पुलिस बीजेपी मुख्यालय के ओर ना  बढ़े देलस। सब लोग ओहिजा बइठ गइल। एकरा बाद सब कोई वापस लौट आइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.