[the_ad_group id="30365"]

वायु प्रदूषण के कारन दिल्ली सरकार जारी कइलस नया आदेश, BS-3 आ BS-4 डीजल गाड़ियन पs रोक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली आ ओकरा से सटल इलाका के हवा फेर से प्रदूषित होखे लागल बा। अइसना में लोग के साँस लेबे में दिक्कत हो गइल बा। एही बीच लगातार बढ़त प्रदूषण के स्तर के ध्यान में राखत ग्रेडेड रिस्पॉन्स एक्शन प्लान (ग्रैप) के तीसरा चरण के लागू कईल गईल बा। एह नया आदेश के दिल्ली सरकार लागू कइले बिया। अब एह नियम के तहत नया प्रतिबंध लागू हो गइल बा। दिल्ली भा ओकरा आसपास के सात गो जिला में बीएस 3 पेट्रोल आ बीएस 4 डीजल इंजन वाला गाड़ियन के चलावे पs रोक लगा दिहल गइल बा। ए दौरान सड़क पs खाली बीएस 6 डीजल गाड़ी के चले के अनुमति दिहल जाई।

ग्रैप 3 के साथ नियम बदल गईल?

ग्रैप 3 लागू होखला के बाद सड़क के वैक्यूम चाहे मशीन से साफ कईल जाई, जवना के संख्या बढ़ावल जाई। एकरा संगे रोज पीक ट्रैफिक के समय से पहिले सड़क पs पानी छिड़कल जाई, ताकि धूल ना होखे। सार्वजनिक परिवहन सेवा बढ़ावल जाई आ लोग के पीक आवर के अलावा फुरसत के समय में यात्रा करे खातिर प्रोत्साहित कइल जाई। संगही कुछ अपवाद के छोड़ के निर्माण अवुरी तोड़फोड़ के गतिविधि पs रोक लगा दिहल गईल बा। स्टोन क्रशर के संचालन भी बंद रही। एनसीआर में खनन से जुड़ल गतिविधि के भी ए दौरान बंद राखल जाई।

एकरा अलावे दिल्ली, गुरुग्राम, फरीदाबाद, गाजियाबाद अवुरी गौतम बुद्ध नगर जिला में 3 पेट्रोल, बीएस 4 डीजल एलएमवी (4 पहिया) के संचालन पs रोक लगावल जाई। एकरा संगे एनसीआर में 5वीं तक के बच्चा खातीर स्कूल में कक्षा बंद अवुरी ऑनलाइन मोड में कक्षा चलावे के विकल्प भी दिहल गईल बा। बता दीं कि ग्रैप चरण III ‘ के ‘गंभीर’ वायु गुणवत्ता के बीच लागू कईल गईल बा। फिलहाल दिल्ली के एक्यूआई 450 से अधिका बा। जबकि ग्रैप 4 के तहत एक्यूआर के अनुमानित स्तर 450 ले पहुंचे से कम से कम तीन दिन पहिले शुरू कईल जाला।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]