19 मई के इतिहास: सेंटीग्रेड तापमान के पैमाना एही दिन बनावल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: May 19, 2024

ज्यां पियरे क्रिस्टीन 1743 में सेंटीग्रेड तापमान पैमाना के बिकास कइलें। एकरा अलावे आज के दिन भारत के पहिला उद्योगपति में से एगो टाटा ग्रुप के संस्थापक जमसेतजी टाटा के निधन भइल रहे। साल के

Share

ज्यां पियरे क्रिस्टीन 1743 में सेंटीग्रेड तापमान पैमाना के बिकास कइलें। एकरा अलावे आज के दिन भारत के पहिला उद्योगपति में से एगो टाटा ग्रुप के संस्थापक जमसेतजी टाटा के निधन भइल रहे।

साल के 139वाँ दिन मने कि 19 मई के इतिहास में एगो खास कारण से दर्ज कइल गइल बा। कई गो घटना के साक्षी बनल ई दिन तापमान नापे खातिर इस्तेमाल होखे वाला सेंटीग्रेड पैमाना के बिकास के दिन भी हऽ। 1743 में आज के दिन ज्यां पियरे क्रिस्टीन सेंटीग्रेड तापमान पैमाना के बिकास कइलें। 19 मई के इतिहास में दर्ज अन्य महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण जानीं।

1521.. उस्मानी सेना एगो भयंकर लड़ाई के बाद बाल्कन प्रायदीप में युगोस्लाविया के राजधानी बेलग्रेड पर कब्जा कर लिहलस।

1536.. इंग्लैंड के राजा हेनरी अठवाँ के दोसरकी पत्नी आ रानी एलिजाबेथ प्रथम के महतारी ऐनी बोलेन के व्यभिचार के दोषी पावल गइला के बाद फांसी दिहल गइल ।

1892.. सुप्रसिद्ध नाटककार आ कवि ऑस्कर वाइल्ड के दू साल के जेल का बाद जेल से रिहा कर दिहल गइल । उनका के समलैंगिकता के अपराध के सजा सुनावल गइल। ओह घरी ब्रिटेन में समलैंगिकता गैरकानूनी रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.