[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर-काठमांडू बस सेवा के विदेश मंत्रालय से हरिहर झंडी, नेपाल से अनुमति मिलले के अगोरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दशहरा पर गोरखपुर-काठमांडू एसी बस सेवा के सौगात मिल सकत बा। भारतीय विदेश मंत्रालय से हरिहर झंडी मिलले के बाद परिवहन निगम एकर तैयारी अउरी तेज कर देहले बा। नेपाली विदेश मंत्रालय से अनुमति मिलले का अगोरा बा।

परिवहन निगम ने नेपाल ट्रांसपोर्ट के सहयोग से दू साल पहिलही गोरखपुर-काठमांडू एसी बस सेवा शुरू करने की प्रक्रिया शुरू क देहले रहल। लेकिन, कोविड काल के चलते प्रक्रिया पूरा तरह से ठप हो गईल रहल। स्थिति सामान्य होखले के बाद नया साल में परिवहन निगम गोरखपुर नेपाल ट्रांसपोर्ट से दूबारा वार्ता शुरू क देहले।

एह संबंध में फरवरी 2022 में नेपाल ट्रांसपोर्ट का प्रतिनिधिमंडल गोरखपुर के अधिकारियन से मुलाकात भी कइले रहने। एह दौरान बस खड़ा करे से लागत रखरखाव अउरी किराया आदि के अलावा अन्य कई महत्वपूर्ण मुद्दन पर चर्चा भईल रहल।

परिवहन निगम अउरी नेपाल ट्रांसपोर्ट के संयुक्त रिपोर्ट के आधार पर मुख्यालय लखनऊ गोरखपुर-काठमांडू एसी बस सेवा के संस्तुति करत परमिट जारी कs देहलस। जानकारन के कहनाम बा कि दू से तीन माह में बस सेवा के प्रक्रिया पूरा क लेहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]