[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में खुली सेना भर्ती केंद्र, युवा लोग के नाइ लगावे के पड़ी वाराणसी के दौड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बस्ती अउरी गोरखपुर मंडल के युवा लोग के सेना में भर्ती खातिर अब वाराणसी तक के दौड़ नाइ लगावे के पड़ी। जल्दिये गोरखपुर में भर्ती केंद्र खुल जाई। एकर प्रक्रिया शुरू हो गइल बा। एही सिलसिला में एडीजी रिक्रूटमेंट एनएस राजपुरोहित बुधवार के गोरखपुर आ रहल बाने। ऊ डीएम-एसएसपी के साथ बइठक कके भर्ती केंद्र खोलले पर अंतिम मुहर लगा सकत बाने।

गोरखपुर-बस्ती मंडल में प्रतिवर्ष 60 हजार से अधिक युवा सेना में भर्ती के तैयारी करत बाने। एह सबके दौड़, शारीरिक स्वास्थ्य परीक्षण सहित अन्य औपचारिकता खातिर वाराणसी जाए के पड़त रहल। गोरखपुर या आसपास के जिला में भर्ती केंद्र नाइ बा। एकर संज्ञान मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ लेहले अउरी सेना के आला अफसरन से बात कके गोरखपुर में भर्ती केंद्र खोलले के सुझाव देहले रहने। अब सेना के तरफ से सकारात्मक पहल भईल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]