Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में खुली सेना भर्ती केंद्र, युवा लोग के नाइ लगावे के पड़ी वाराणसी के दौड़

879

बस्ती अउरी गोरखपुर मंडल के युवा लोग के सेना में भर्ती खातिर अब वाराणसी तक के दौड़ नाइ लगावे के पड़ी। जल्दिये गोरखपुर में भर्ती केंद्र खुल जाई। एकर प्रक्रिया शुरू हो गइल बा। एही सिलसिला में एडीजी रिक्रूटमेंट एनएस राजपुरोहित बुधवार के गोरखपुर आ रहल बाने। ऊ डीएम-एसएसपी के साथ बइठक कके भर्ती केंद्र खोलले पर अंतिम मुहर लगा सकत बाने।

गोरखपुर-बस्ती मंडल में प्रतिवर्ष 60 हजार से अधिक युवा सेना में भर्ती के तैयारी करत बाने। एह सबके दौड़, शारीरिक स्वास्थ्य परीक्षण सहित अन्य औपचारिकता खातिर वाराणसी जाए के पड़त रहल। गोरखपुर या आसपास के जिला में भर्ती केंद्र नाइ बा। एकर संज्ञान मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ लेहले अउरी सेना के आला अफसरन से बात कके गोरखपुर में भर्ती केंद्र खोलले के सुझाव देहले रहने। अब सेना के तरफ से सकारात्मक पहल भईल बा।

301130cookie-checkगोरखपुर में खुली सेना भर्ती केंद्र, युवा लोग के नाइ लगावे के पड़ी वाराणसी के दौड़

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.