[the_ad_group id="30365"]

रोजगार मेला: आठ हजार युवा लोग के नौकरी के सपना हो सकs ला साकार, अडानी ग्रुप समेत करीब 50 कंपनी दीहें सs मौका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मदन मोहन मालवीय प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय (एमएमएमयूटी) परिसर में तीन अगस्त के आयोजित रोजगार मेला में एक्के दिन में करीब आठ हजार युवा के नौकरी के सपना साकार हो सकत बा।
मेला में अडानी ग्रुप, एलएनटी, पेटीएम, ओला, ओप्पो समेत करीब 50 कंपनी अइहें सब। एह आयोजन में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी शामिल होइहें। ऊ युवा लोग के प्रेरित करिहें। ई आयोजन आइटीआई, कौशल विकास मिशन, पॉलिटेक्निक अउरी सेवायोजन विभाग के तरफ से कइल जा रहल बा।
सुबह 9:30 बजे से शुरू होखेवाले मेला तकनीकी अउरी गैर तकनीकी क्षेत्र में आठ हजार युवा लोग के विभिन्न कंपनियन में नौकरी उपलब्ध करवलें के लक्ष्य रखल गइल बा। आयोजन में देश के विभिन्न शहरन के करीब 50 कंपनियन के प्रतिनिधि मौजूद रहिहें।
कौशल विकास मिशन के तहत प्रशिक्षण प्राप्त, आईटीआई, डिप्लोमा, हाईस्कूल, इंटरमीडिएट, स्नातक, परास्नातक उत्तीर्ण अभ्यर्थी तकनीकी अउरी गैर तकनीकी पद खातिर आपन योग्यतानुसार सेवायोजन विभाग के वेब पोर्टल पर ऑनलाइन आवेदन क के रोजगार मेला में प्रतिभाग क सकत बानें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]