[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur Janta Darshan : सीएम योगी कहलें- घबराईं मत, हर समस्या के होई प्रभावी समाधान, सुनलें 200 लोगन के समस्या

CM Yogi Adityanath listening to public grievances during Janata Darshan at Gorakhnath Temple
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। मंगर के दिन गोरखपुर पहुंचल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोरखनाथ मंदिर में रात्रि प्रवास कइला के बाद बुध के दिन जनता दर्शन में लोगन से मिललें आ ओह लोगन के समस्यन के सुनलें। मुख्यमंत्री लोगन से आत्मीयता के संगे बातचीत करत कहलें, “घबराईं मत, हर समस्या के प्रभावी समाधान करावल जाई।”

जनता दर्शन में मवजूद अधिकारियन के सीएम निर्देशित कइलें कि हर पीड़ित व्यक्ति के समस्या पs संवेदनशीलता से ध्यान दिहल जावs आ समयबद्ध, गुणवत्तापूर्ण आ पारदर्शी ढंग से निराकरण करवावल जावs। बुध के दिन गोरखनाथ मंदिर परिसर के महंत दिग्विजयनाथ स्मृति भवन सभागार में आयोजित जनता दर्शन में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ करीब 200 लोगन के समस्या सुनलें आ अधिकारी लोगन के ओकर समाधान करे के निरदेस देलें। जनता दर्शन में महिला लोगन के संख्या जादे रहे।

कुर्सी पs बइठल लोगन तक मुख्यमंत्री खुद पहुंचके ओह लोगन से बातचीत कइलें। आत्मीय भाव में “कहां से अइनी, का बात बा” कहत एक-एक कs के सब केहू समस्या सुनलें। भरोसा देलें कि हर केहू के समस्या के समाधान सुनिश्चित कइल जाई। केहू के परेसान होखे भा चिंता करे के जरूरत नइखे।

प्रार्थना पत्र अधिकारी लोगन के सउपत सीएम निर्देश देलें कि हर समस्या के निस्तारण जल्दी, गुणवत्तापूर्ण आ संतोषजनक होखे। जमीन कब्जा करे के शिकायत पs कठोर कानूनी कार्रवाई करे के आदेस देलें। एगो महिला के मकान जरवला के शिकायत पs जरावे वाला लोगन पs कार्रवाई करे के निरदेस दिहल गइल।

कइयल लोग गंभीर बेमारी में आर्थिक मदद खातिर पहुंचल रहे। सीएम कहलें कि इलाज में धन के कमी के बाधा ना बने दिआई। सरकार पूरा आर्थिक मदद दी। अधिकारी लोगन के निरदेस दिहल गइल बा कि अस्पताल से इलाज के इस्टीमेट जल्दी तइयार कs के शासन में भेजल जावs। सीएम विवेकाधीन कोष से इलाज खातिर पर्याप्त राशि दिहल जाई।

गोरखनाथ मंदिर प्रवास के दौरान सीएम योगी आदित्यनाथ के दिनचर्या परंपरागत रहल। गुरु गोरखनाथ के दर्शन पूजन कइला के बाद ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के प्रतिमा के साेझा शीश झुकवलें। मंदिर परिसर के भ्रमण में गोशाला में गोसेवा कइलें, गाय आ गोवंश के स्नेह से गुड़-रोटी खियवलें। मोर सीएम के लगे आइल, जवना के सीएम अपना हाथ से दुलरलें आ रोटी खिलवलें।

Read Also: EX IPS Amitabh Thakur Arrested : पूर्व आईपीएस अमिताभ ठाकुर के देवरिया पुलिस गिरफ्तार कइलस, जांच में सहजोग ना करे के आरोप

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]