[the_ad_group id="30365"]

EX IPS Amitabh Thakur Arrested : पूर्व आईपीएस अमिताभ ठाकुर के देवरिया पुलिस गिरफ्तार कइलस, जांच में सहजोग ना करे के आरोप

Former UP IPS Amitabh Thakur arrested by Deoria Police for not cooperating in investigation
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ : पूर्व आईपीएस आ आजाद अधिकार सेना के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमिताभ ठाकुर के देवरिया पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया। ऊ काल्ह रात लखनऊ से दिल्ली जात रहलें। एह दौरान शाहजहांपुर में उनका के ट्रेन से उतार लिहल गइल। देवरिया में उनका खिलाफ कुछ दिन पहिले केस दर्ज भइल रहे। गिरफ्तार करे के पीछे कारण बतावल गइल बा कि अमिताभ ठाकुर जांच में सहजोग ना कइले।

भ्रष्टाचार के खिलाफ उठवले रहस सवाल 

अमिताभ ठाकुर भ्रष्टाचार के मामिला पs हमेसा सवाल उठावत रहे लें। हाले में ऊ कानपुर के अधिवक्ता अखिलेश दुबे के संपत्ति के गहन जांच करावे के मांग कइले रहस। एकरा खातिर ऊ मंडलायुक्त आ पुलिस कमिश्नर के पत्र लिखले रहस। ऊ मंडलायुक्त कार्यालय के एगो कर्मचारी के भूमिका पs सवाल उठवले रहस।

अवैध कब्जा आ जांच के मांग

पत्र के अनुसार अमिताभ ठाकुर मांग कइले रहस कि साकेतनगर इस्थित पार्क के जमीन पs कब्जा कs के किशोरी वाटिका गेस्ट हाउस बनावे आ अखिलेश दुबे के कार्यालय के आवंटन के जांच होखे के चाहीं। संगही, अवैध तरीका से बृजकिशोरी दुबे स्कूल संचालित करे के आरोप लगाके जांच करावे के मांग कइले रहस।

ऊ मंडलायुक्त कार्यालय के एगो कर्मचारी पs आरोप लगवलें कि अधिवक्ता अखिलेश के मदद सीधे भा परोक्ष रूप से कइल गइल। अमिताभ ठाकुर कहले रहस कि सरकारी जमीन पs अवैध कब्जा के ममिला में जांच कs के दोषी लोगन के जिम्मेदारी तय होखे। संगही, आरोपियन से अवैध कब्जा भा लाभ से कमाई गइल संपत्ति के रिकवरी जरूरी बा।

Read Also: KVS NVS Vacancy 2025 : केंद्रीय आ नवोदय विद्यालय में भर्ती खातिर फॉर्म भरे के आखिरी दिन काल्ह, तुरत कs लीं अप्लाई

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]