[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर : गीडा के मिलल 60 हजार करोड़ रुपया के निवेश लक्ष्य, जल्दी होई सम्मेलन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फरवरी में होखे वाले ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट (जीआईएस) खातिर गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण (गीडा) के अब 60 हजार करोड़ रुपया के निवेश जुटावे के होई। एहसे पहिले ई लक्ष्य 40 हजार करोड़ रुपया रहल। लक्ष्य हासिल करे खातिर 20 जनवरी के आसपास जिला में बड़े स्तर पर निवेशक सम्मेलन करावल जाई।

जानकारी के अनुसार, जिला में जीआईएस के मद्देनजर अब ले 20 हजार करोड़ रुपया के निवेश प्रस्ताव एमओयू के प्रक्रिया में आ चुकल बा। गीडा के मुख्य कार्यपालक अधिकारी (सीईओ) पवन अग्रवाल बतवलें कि मुख्यमंत्री योगी के मार्गदर्शन में गीडा निवेश लक्ष्य के जरूर हासिल करी।

अब ले गीडा में करीब छह हजार करोड़ रुपया के निवेश प्रस्ताव मिल चुकल बा। गीडा में 145 औद्योगिक अउर व्यावसायिक भूखंड के आवंटन के प्रक्रिया शुरू कs दीहल गइल बा। गोरखपुर महोत्सव अउर खिचड़ी मेला के बाद 20 जनवरी के आसपास डीएम के नेतृत्व में निवेशक सम्मेलन करावल जाई। एहमें कई निवेश प्रस्ताव मिले के उम्मीद बा।

मुख्यमंत्री के मुंबई दौरा के बाद निवेश के संभावना बढ़ल

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मुंबई दौरा के बाद निवेश बढ़ले के संभावना बा। गोरखपुर में भी कई बड़ कंपनी निवेश खातिर आ सकsतनें सब। ई सब गोरखपुर के लक्ष्य में ही जोड़ल जाई। संभावना व्यक्त कइल जा रहल बा कि जिला में जीआईएस के दृष्टिगत अब ले 20 हजार करोड़ रुपया के निवेश के प्रस्ताव एमओयू के प्रक्रिया में आ चुकल बा।

जल्दी आवंटित होई 145 भूखंड

गीडा के ओर से औद्योगिक अउर व्यावसायिक गतिविधि खातिर 145 भूखंड के आवंटन जल्दिए कइल जाई। एकरे खातिर आवेदन आमंत्रित कइल गइल बा। गीडा प्रबंधन के कहनाम बा कि सरकार के ओर से जौन भी लक्ष्य मिलल बा, ओके हासिल कs लिहल जाई।

ई बा लक्ष्य के स्थिति

विभाग     पुरान लक्ष्य          नया लक्ष्य      अब ले प्राप्त प्रस्ताव

गीडा         40 हजार करोड़    60 हजार करोड़    6,500 करोड़
हथकरघा    02 हजार करोड़    03 हजार करोड़    1,271 करोड़
उद्योग केंद्र   01 हजार करोड़    1,500 करोड़      01 हजार करोड़

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]