[the_ad_group id="30365"]

इन्वेस्टर्स समिट में घरेलू रोड शो खातिर बनी प्रभावशाली रणनीति : मुख्य सचिव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्य सचिव दुर्गा शंकर मिश्र के अध्यक्षता में ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट के ले के बैठक आयोजित कइल गइल। मुख्य सचिव कहनें कि अंतर्राष्ट्रीय रोड शो कइला के बाद पूरा दुनिया में उत्तर प्रदेश के प्रति एगो सकारात्मक संदेश गइल बा। विदेशी निवेशक लोग के साथ-साथ हमनींके अपने देश के निवेशकन से भी संपर्क करे के बा।

ऊ कहनें कि देश के भीतर होखे वाले रोड शो खातिरो शीघ्र प्रभावशाली रणनीति तैयार कइल जाय। निवेशकन के समस्या के समाधान करावे खातिर संबंधित विभाग में इन्वेस्टमेंट सेल जरूर बनावल जाय।

ऊ कहनें कि संबंधित विभाग निवेशक लोग के संगे 20 जनवरी ले बइठक जरूर कs लेईं। अइसन सेक्टर के चीन्ह लेहल जाय, जहां अधिक से अधिक निवेश लावल जा सकsता। ब्रोशर में पॉलिसी के ब्यौरा सरल भाषा में लिखल जाय ताकि निवेशकन के समझले में कौनो भी प्रकार के असुविधा न होखे।

ऊ कहनें कि व्यापक निवेश से बड़ संख्या में रोजगार के अवसर पैदा होई, जेकर सीधा लाभ हमनी के युवा वर्ग के मिली। बेहतर फॉलोअप खातिर हर देश खातिर कौनो वरिष्ठ अधिकारी के नोडल अधिकारी नामित कइल जाव।

बैठक में अवस्थापना अउर औद्योगिक विकास आयुक्त अरविंद कुमार, अपर मुख्य सचिव खेल अउर युवा कल्याण नवनीत सहगल, प्रमुख सचिव आवास अउर शहरी नियोजन नितिन रमेश गोकर्ण, प्रमुख सचिव चिकित्सा स्वास्थ्य अउर परिवार कल्याण पार्थसारथी सेन शर्मा, सचिव नियोजन आलोक कुमार उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]