[the_ad_group id="30365"]

6 बहुराष्ट्रीय कंपनी यूपी में करी 17 हजार करोड़ के निवेश, 21 हजार के मिली रोजगार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूरोप के बड़ कंपनी यूपी में 17 हजार करोड़ रुपया के निवेश करे जा रहल बा। एहमें सैमसन, मदरसन अउर सेरनेका इंटरनेशनल ग्रुप जइसन 6 बहुराष्ट्रीय कंपनी शामिल बानें सब। एह कंपनियन के प्रतिनिधि लोग प्रदेश सरकार से एमओयू साइन कइले बानें। एह कंपनियन के निवेश से प्रदेश में 21 हजार से ज्यादा युवा लोग खातिर रोजगार के अवसर पैदा होई।

फरवरी में होखे जा रहल ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट (जीआईएस-23) में निवेशकन के नेवता देवे खातिर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जर्मनी, बेल्जियम अउर स्वीडन में टीम भेजले रहनें। एहमें उप मुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक अउर पीडब्ल्यूडी मंत्री जितिन प्रसाद शामिल रहनें। ई टीम औद्योगिक घराना अउर सरकार के प्रतिनिधि लोग 20 बइठक कइलस।

एह देश में एहसे कई कार्यक्रम में टीम कई उद्यमियन से मुलाकात भी कइले रहनें। एहसे 19 बहुराष्ट्रीय कंपनी यूपी में 176740 करोड़ रुपया के निवेश प्रस्ताव (लेटर ऑफ  इंटेंट) दिहले रहनें। एहसे लगभग 50 हजार रोजगार के अवसर पैदा होखले के संभावना बा। एनही में से 6 कंपनी सरकार से 17 हजार करोड़ रुपया के एमओयू साइन कइल गइल बा। ई कंपनी सब मैन्युफैक्चरिंग, फूड प्रोसेसिंग, फिल्म उद्योग, अपशिष्ट शोधन, अक्षय ऊर्जा अउर ऑटोमोबाइल एंसिलरी सेक्टर में निवेश करी।

ई कंपनी करिहें सब निवेश

जर्मनी के फ्रैंकफर्ट के कंपनी सैमसन मैन्युफैक्चरिंग सेक्टर में प्रदेश में दू हजार करोड़ के निवेश करी। एहसे पांच हजार रोजगार के अवसर बढ़ी। ऑटोमोबाइल एंसिलरी में एही शहर के मदरसन कंपनी 500 करोड़ के निवेश करी। एहसे दू हजार से ज्यादा रोजगार के अवसर पैदा होई। बेल्जियम के ब्रूसेल्स के कंपनी एग्रीस्टो मासा अउर जेमिनी कॉरपोरेशन क्रमश: तीन सौ अउर दू सौ करोड़ रुपया के निवेश करी। एहसे डेढ़ हजार से ज्यादा रोजगार के अवसर बढ़ी। स्वीडन के स्टॉकहोम के कंपनी सेरनेका इंटरनेशनल ग्रुप अउर बोसॉन एनर्जी एस, फिल्म सिटी में दस हजार करोड़ के निवेश करी। एहसे तीन हजार से ज्यादा रोजगार के अवसर पैदा होई। उहवें बोसॉन एनर्जी एस, अक्षय ऊर्जा में एक हजार करोड़ के निवेश करी। एहसे एक हजार रोजगार के अवसर बढ़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]