[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: महाविद्यालयन में बढ़ल सीट, एडमिशन भइल शुरू, विश्वविद्यालय प्रशासन देहलस मंजूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर विश्वविद्यालय से संबद्ध महाविद्यालय के सीट वृद्धि के मांग के विवि प्रशासन मंजूरी दे दिहले बा। सीटन के वृद्धि के बाद महाविद्यालयन में विज्ञान, कला अउर वाणिज्य संकाय में स्नातक अउर परास्नातक में प्रवेश के प्रक्रिया शुरू हो गइल बा।

महाविद्यालयन में सीटें भर गइले के बाद भी छात्र प्रवेश खातिर संपर्क बनावत रहलें। जेके देखके महाविद्यालय सीट बढ़ावे के मांग कइले रहे। विश्वविद्यालय के प्रवेश समिति के मंजूरी के बाद शहर के प्रमुख कॉलेज में स्नातक अउर परास्नातक में दाखिला प्रक्रिया शुरू हो गइल बा।

इस्लामिया कॉलेज ऑफ कॉमर्स के प्राचार्य डॉ. शाहिद जमाल बतवलें कि कॉलेज में बीकॉम प्रथम सेमेस्टर में 60 सीट के बढ़ोतरी भइल बा। एकरे अलावा बीएससी (जीव विज्ञान/गणित) अउर एमएससी (वनस्पति विज्ञान) में प्रवेश जारी बा। दिग्विजयनाथ पीजी कॉलेज के प्राचार्य प्रो. ओम प्रकाश सिंह के मुताबिक बीएससी गणित, बीकॉम, एमकॉम अउर एमए में कई विषय में प्रवेश लिहल जाई।
डीएवी पीजी कॉलेज के प्राचार्या प्रो. शैल पांडेय बतवली कि कॉलेज में बीएससी गणित अउर बीकॉम में प्रवेश दिहल जा रहल बा। महात्मा गांधी पीजी कॉलेज में बीकॉम में 60 सीट के बढोत्तरी भइल बा। एमएससी जूलॉजी, बॉटनी अउर केमेस्ट्री में पांच-पांच सीट बढ़ल बा।

आज प्रवेश नाइ त लागी विलंब शुल्क

महाविद्यालयन में प्रवेश अउरी पंजीकरण खातिर 8 अक्तूबर अंतिम तिथि बा। शुल्क भी एही दिन ले जमा करे के होई। शनिचर ले प्रवेश के प्रक्रिया पूरा नाइ भइल त विलंब शुल्क लागी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]