[the_ad_group id="30365"]

मशरक में इंटरमीडिएट सेंटअप परीक्षा आज से शुरू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)। धर्मेन्द्र कुमार सिंह: मशरक में बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के निर्देशानुसार इंटरमीडिएट के सेंटअप परीक्षा मंगर के शूरू हो गइल बा। पहिला पाली के परीक्षा दस बजे से एक बजे तक आ दूसरा पाली के परीक्षा 1:15 मिनट से शुरू होके साँझ के चार बजे तक चली। एह परीक्षा से वंचित छात्र आ छात्रा फाइनल परीक्षा से वंचित हो सकत बा लो। सत्र 2021 -2023 के प्रायोगिक परीक्षा सेंटअप परीक्षा के अनुसार होई। एहिसे सब विद्यार्थियन के एह परीक्षा में सम्मिलित होखल अनिवार्य बा।

परीक्षा से संबंधित सब जानकारी महाविद्यालय के नोटिस पटिका प चिपकावल गइल बा। ओहिजा मशरक महाविद्यालय के प्राचार्य मानकेश्वर कुमार बतवले कि विषय वस्तु के मोताबिक परीक्षा लिहल जा रहल बा। परीक्षा सबेरे दस बजे से शुरू होई जेमे विद्यार्थियन के परीक्षा प्रारंभ होखला से 15 मिनट पहिले महाविद्यालय के कैंपस में प्रवेश क लेवे बा। परीक्षा में उपस्थित होखला खातिर महाविद्यालय के द्वारा निर्गत कइल गइल परिचय पत्र देखवले प्रवेश दिहल जा रहल बा। आज परीक्षा मे प्रथम पाली भौतिकी त दूसरका पाली में रसायन शास्त्र के परीक्षा प्रारंभ हो रहल बा, जवन पूरा एक सप्ताह में तीनो संकाय के परीक्षा संपन्न करा लिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]