[the_ad_group id="30365"]

मेरठ के राहुल बढ़वलें देश के शान, मॉरीशस में मिलल एजुकेशनिस्ट ऑफ द ईयर अवार्ड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मॉरीशस में मेरठ सिटी पब्लिक स्कूल के प्रबंधक राहुल केसरवानी मेरठ के शान बढ़वलें। उनके मॉरीशस के राष्ट्रपति पृथ्वीराज सिंह अउरी उप-प्रधानमंत्री लीला देवी द्वारा एजुकेशनिस्ट ऑफ द ईयर अवार्ड से नवाजल गइल। सामाजिक संगठन इंटेलिजेंट माइंड क्रस्ट द्वारा मॉरीशस के विश्व हिंदी सचिवालय में एक्सीलेंस इन एजुकेशन अवार्ड 2022 कार्यक्रम आयोजित कइल गइल, जेमें विश्व भर से शिक्षक उपस्थित हो के ग्रूमिंग सेशन में प्रतिभाग कइलें।

कार्यक्रम में मुख्य अतिथि के तौर पर मॉरीशस के राष्ट्रपति पृथ्वीराज सिंह अउरी उप-प्रधानमंत्री लीला देवी भी मौजूद रहल। मेरठ से शिक्षा के क्षेत्र में उत्कृष्ट कार्य करे खातिर मेरठ सहोदय स्कूल कॉम्पलैक्स के अध्यक्ष अउरी मेरठ सिटी पब्लिक स्कूल के प्रबंधक राहुल केसरवानी के एजुकेशनिस्ट ऑफ द ईयर अवार्ड से सम्मानित कइल गइल।

राहुल केसरवानी बतवलें कि ई उपलब्धि पाकर उ बहुत खुश बानें। ऊ फिलहाल मॉरीशस मे ही बाने अउर मेरठ के संस्कृति मॉरीशस में बिखेरत बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]