[the_ad_group id="30365"]

विद्यार्थियन खातिर ‘स्वास्थ्य जागरूकता आ परीक्षण कैम्प’ के आयोजन 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: सेण्ट ऐण्ड्रयूज कॉलेज, गोरखपुर राष्ट्रीय सेवा योजना आ संत कबीर लॉज नं0 347 के द्वारा राष्ट्रीय सेवा योजना स्थापना दिवस के अवसर पs दिनांक 24 सितंबर 2022 को सेण्ट ऐण्ड्रयूज कॉलेज, गोरखपुर के वनस्पति विज्ञान विभाग में अपरान्ह 1ः30 बजे से स्वास्थ्य जागरूकता आ परीक्षण कैंप के आयोजन कइल गइल। जेमे वरिष्ठ नेत्र चिकित्सक डॉ0 राकेश कुमार, स्त्री रोग विशेषज्ञ डॉ0 सुनीता कुमार आ दंत चिकित्सक डॉ0 रवि कुमार, डॉ0 मिहिर कुमार आ डॉ0 प्रशांत माथुर द्वारा विद्यार्थियन के आ कॉलेज फैकल्टी के मेडिकल चेकअप कइल गइल।

कार्यक्रम के आयोजन मे मुख्य अतिथि के रूप में कॉलेज के प्राचार्या डॉ (श्रीमती) रैना निवेदिता सैमुअल आयोजन समिति को बधाई देली आ कहली कि विद्यार्थियन खातिर मेडिकल कैंप आयोजन कइल कॉलेज खातिर एगो अच्छा पहल बा आ विद्यार्थियन खातिर कुशल जागरूकता अभियान बा।

संत कबीर लॉज के वरशिपफुल मास्टर संचित श्रीवास्तव कहले कि निःशुल्क जांच शिविर स्वास्थ्य जागरूकता आ सुझाव प्रदान करे के मकसद से कालेज में आयोजित कइल गइल।

आयोजन सचिव डॉ0 जे0 के0 पांडेय बतवले कि आज राष्ट्रीय सेवा योजना स्थापना दिवस के अवसर पs ई स्वास्थ्य जागरूकता अभियान आ परीक्षण कैंप द्वारा विद्यार्थियन के स्वास्थ संबंधी पूर्वावधान के बारे में उपस्थित चिकित्सकन द्वारा महत्वपूर्ण जानकारी दिहल गइल।

एह अवसर पs पधारल डॉ0 राकेश कुमार नेत्र चिकित्सक कम्प्यूटर विजन सिन्ड्रोम के प्रति छात्रन के आगाह कइले आ डॉ0 सुनीता कुमार स्त्रियन में पोषण के प्रति जागरूकता के अभाव बतवले।

स्वास्थ्य परीक्षण कैम्प में कुल 248 छात्र-छात्रा आ कालेज के फैकेल्टी के परीक्षण कइल गइल आ जी0एन0जी बायोटेक के डायरेक्टर श्री प्रवीण कुमार सिंह द्वारा निःशुल्क दवाईयन के वितरण कइल गइल।

एह अवसर पs राष्ट्रीय सेवा योजना सेंट एंड्रयूज कॉलेज गोरखपुर के कार्यक्रम अधिकारी डॉ जे पी यादव, डॉ तनवीर आलम, डॉ अर्चना श्रीवास्तव, डॉ नीरज श्रीवास्तव, डॉ0 निधि लाल संत कबीर लॉज के सचिव श्रीभूषण पाण्डेय सहित श्री अजय श्रीवास्तव, प्रो0 यू0एन0 त्रिपाठी, श्री प्रशांत सिंह, श्री रोहित कुमार सहित स्वयंसेवक जितेन्द्र, विशाल, कुशल, अंकुर, प्रिया, रिया,आदि मवजूद रहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]