[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: D.A.V PG कॉलेज में सांस्कृतिक समारोह के भव्य शुभारम्भ

D.A.V PG कॉलेज में सांस्कृतिक समारोह के भव्य शुभारम्भ
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डी0ए0वी0 पी0जी0 कॉलेज, गोरखपुर, के वार्षिक सांस्कृतिक समारोह के उद्घाटन आज दिनांक 21/02/2025 दिन शुक के महाविद्यालय के प्रांगण में भइल। ई जानकारी कॉलेज के प्राचार्य प्रो शैल पाण्डेय दिहले बाड़ी। कार्यक्रम के सुरुआत में अतिथि लोग के देवी सरस्वती के तस्वीर पs पुष्पार्पण कs के दीप प्रज्जवलन से भइल. सरस्वती वंदना के प्रस्तुति सत्यप्रभा, ज्योति आ गुंजन कइली। सांस्कृतिक समारोह के मुख्य अतिथि डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव आ अतिथि के रूप में श्रीमती निधि श्रीवास्तव, श्रीमती रीता देवी श्रीवास्तव, डॉ. आशीष श्रीवास्तव आ श्रीमती रीना जायसवाल (नाट्य कलाकार) मौजूद रहली।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: वेट लॉस के कुल पैंतरा आजमा चुकल बानी, बाकिर वजन नइखे होत टस से मस? तs ट्राई करीं इs 3 गो योगा

सांस्कृतिक कार्यक्रम जीवन जिए के कला सिखावेला: डॉ0 मंगलेश श्रीवास्तव

प्राचार्य प्रो शैल पाण्डेय श्रीमती निधि श्रीवास्तव के पुष्प गुच्छ आ अंगवस्त देके सम्मानित कइली। डॉ0 संजय कुमार पाण्डेय बैज आ प्रो0 प्रवीन सिन्हा आ डॉ0 संजय श्रीवास्तव अंगवस्त्र देके सम्मानित कइलन. प्राचार्य के सांस्कृतिक समिति के ओर से श्रीमती रक्षा गुप्ता द्वारा सम्मानित कइल गइल। महापौर अपना संबोधन में कहले कि “कॉलेज के ओर से आयोजित इs कार्यक्रम छात्र में ना खाली मानसिक उत्साह पैदा करेला बालुक जीवन जीए के कला के ज्ञान भी देवेला।” एह अवसर पs निबन्ध प्रतियोगिता, एकल गायन, समूह गायन, एकल नृत्य, समूह नृत्य, नुक्कड़ नाटक, चित्रकला, रंगोली, मोबाइल फोटोग्राफी, भाषण आदि जइसन प्रतियोगिता के सफलतापूर्वक आयोजन कइल गइल। सांस्कृतिक कार्यक्रम के समापन दिनांक 22/02/2025 के विभिन्न कार्यक्रम के बाद पुरस्कार वितरण के साथ होई।

कार्यक्रम के संचालन डॉ. संजय कुमार मिश्रा कइले.कार्यक्रम के सफल बनावे मेंप्रो0 अमृता श्रीवास्तव, प्रो0 सुबोध कुमार, डॉ0 विनोद कुमार श्रीवास्तव, प्रो0 बिन्दू, प्रो0 वेदवती सिंह, प्रो0 निरूपमा तिवारी एवं प्रो0 परेश सनत, डॉ0 प्रतिभा गुप्ता, डॉ0 प्रमोद त्रिपाठी, डॉ0 सुगन्धा, डॉ0 अमरेन्द्र पाण्डेय, डॉ0 विनोद गुप्ता, डॉ0 मनोज श्रीवास्तव, डॉ0 मुन्ना गुप्ता, डॉ0 राजेश राय, डॉ0 कुलदीप द्विवेदी, डॉ0 आशाराम, डॉ0 रागिनी दीक्षित, डॉ0 वीनस सिंह, श्री अभिषेक गुप्ता, डॉ0 शिवम श्रीवास्तव, डॉ0 विश्वदीपक सिंह, सुश्री दृष्टि, श्री चन्द्र मोहन श्रीवास्तव, श्री निगमेन्द्र पाण्डेय, समस्त कर्मचारीगण आ छात्र मौजूद रहले.

इहो पढ़ीं; भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं माता के सबसे प्राचीन ‘मुंडेश्वरी मंदिर’, जहवां मौजूद बा पंचमुखी शिवलिंग जवना के हर तीन दिन पs बदलत रहेला रंग

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]