[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: D.A.V PG कॉलेज में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के चउथा दिन ‘सड़क सुरक्षा’ थीम पs आधारित

D.A.V PG कॉलेज में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के चउथा दिन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजु डी.ए.वी.पी.जी.कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई के तत्वावधान में प्राचार्य प्रो शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में सप्त-दिवसीय विशेष शिविर के चतुर्थ दिवस में सड़क सुरक्षा थीम पs आधारित कार्यक्रम आयोजित कइल गइल।

एह कार्यक्रम के तहत स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग तेलियाना टोला, मुफ्तीपुर के शिविर इलाक़ा में रैली निकलल आ “अपना भविष्य अपने हाथ, हेलमेट रखो अपने पास” जइसन नारा लगवले। एही क्रम में सड़क सुरक्षा पs नुक्कड़ नाटक भी स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग द्वारा मिलके प्रस्तुत कइल गइल. जेकर उद्देश्य सड़क दुर्घटना से बचे खातिर नियम के बारे में जानकारी दिहल रहे सभे स्वयंसेवक के मनोबल के प्रोत्साहित करे खातिर कार्यक्रम के बौद्धिक चर्चा सत्र में वनस्पति विज्ञान विभाग के डॉ. संजय कुमार पाण्डेय, इतिहास विभाग के डॉ. संजय कुमार श्रीवास्तव मौजूद रहले।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

कार्यक्रम के संचालन कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता द्वारा कइल गइल। डॉ. संजय कुमार पाण्डेय सब स्वयंसेवक के ‘गोल्डन आवर’ के बारे में जागरूक करवले जवन कि दुर्घटना के समय पहिला 7 मिनट होखेला। उs सबके इहो समझवले कि “हमनी के ना खाली दोसरा के सिखावे के बा, बालुक एकरा के अपना जीवन में भी अपनावे के बा। फोर लेन पs कबो रिवर्स में गाड़ी ना चलाईं काहे कि एहसे दुर्घटना के संभावना बढ़ जाला.”
एह क्रम में डॉ. संजय कुमार मोटर वाहन अधिनियम 194 (बी) आ 162 के बारे में सबके जागरूक करवले, डॉ. संजय कुमार श्रीवास्तव जी बहुत खूबसूरती से बतवले कि “दुर्घटना से बचे खातिर सबसे पहिले हमनी के घर से समय से निकले के पड़ेला ताकि हमनी के बिना कवनो हड़बड़ी के आपन काम के जगह पs पहुंच सकीले। कार्यक्रम के समापन पs धन्यवाद ज्ञापन से श्रीमती प्रतिभा गुप्ता सभका के एगो बढ़िया ब्रांड के हेलमेट पहिरे के सलाह दिहली आ साथही हेलमेट के क्लिप ठीक से बंद करे के सलाह दिहली. एह मौका पs सतीश, अभिषेक, अमन, रिया आ दृष्टि समेत सगरी स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग के मार्गदर्शन आ प्रोत्साहन दिहल गइल.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: करीं इs योगासन, लिवर के कमजोरी के करी दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]