सबेरे-सबेरे: वेट लॉस के कुल पैंतरा आजमा चुकल बानी, बाकिर वजन नइखे होत टस से मस? तs ट्राई करीं इs 3 गो योगा

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 11, 2025

आज के व्यस्त जीवनशैली अवुरी अस्वस्थ खानपान के चलते मोटापा एगो आम समस्या बन गईल बा। मोटापा के असर खाली शारीरिक ना मानसिक स्वास्थ्य पs भी पड़ेला। डाइटिंग अवुरी व्यायाम के संगे वजन घटावे खातीर

Share

सबेरे-सबेरे: वेट लॉस खातिर योगा

आज के व्यस्त जीवनशैली अवुरी अस्वस्थ खानपान के चलते मोटापा एगो आम समस्या बन गईल बा। मोटापा के असर खाली शारीरिक ना मानसिक स्वास्थ्य पs भी पड़ेला। डाइटिंग अवुरी व्यायाम के संगे वजन घटावे खातीर योग भी वजन कम करे के एगो कारगर तरीका बा।

योग ना खाली शरीर के स्वस्थ राखेला बालुक मन के शांत अवुरी तनाव मुक्त बनावेला। वजन घटावे खातिर 5 प्रभावी योग मुद्रा के बारे में जानीं।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: योग से लगाई गुस्सा पs लगाम, शरीर के भी मिली भरपूर आराम!

सूर्य नमस्कार (Surya Namaskar)

सूर्य नमस्कार शरीर के सभ अंग के सक्रिय करेला। एकरा में 12 आसन के क्रम होखेला, जवन कि शरीर के चर्बी के कम करे में मदद करेला। इस् आसन पाचन तंत्र के मजबूत करेला अवुरी शरीर से टॉक्सिक पदार्थ के दूर करेला। नियमित रूप से सूर्य नमस्कार कईला से वजन कम हो जाला अवुरी शरीर लचीला हो जाला।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: डिनर कइले के बाद जरूर करीं इs काम,धीरे-धीरे कम हो जाई राउर वजन

त्रिकोणासन (Trikonasana)


त्रिकोणासन भा त्रिकोण मुद्रा शरीर के संतुलन बनावे अवुरी कैलोरी बर्न करे में मदद करेला। पेट, कमर अवुरी जांघ के चर्बी कम करे में इs आसन बहुत कारगर बा। अयीसन कईला से पाचन तंत्र मजबूत हो जाला अवुरी शरीर के मेटाबॉलिज्म बढ़ जाला। नियमित अभ्यास से शरीर के आकार सुडौल हो जाला।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

पर्वतासन (Parvatasana)


पर्वतासन भा पहाड़ी मुद्रा एगो आसान लेकिन कारगर आसन हs, जवन वजन कम करे में मदद करेला। इs आसन पेट के मांसपेशी के मजबूत करेला अवुरी पाचन में सुधार करेला। अयीसन कईला से शरीर के चर्बी कम हो जाला अवुरी रीढ़ के हड्डी मजबूत हो जाला। इs आसन तनाव कम करे अवुरी मन के शांत करे में भी मददगार होखेला।

इहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.