[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर : सरकारी अस्पतालन में अब होई 24 घंटा पैथोलॉजी जांच, CMO जारी कइलें आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्वास्थ्य सेवा के बेहतर बनवलें के उद्देश्य से विभाग कई अहम बदलाव क रहल बा। एकरे तहत अब जिला अस्पताल से लेके प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र पर 24 घण्टा पैथोलॉजी जांच के सुविधा मरीजन के मिली। इमरजेंसी में आवे वाले मरीजन के पैथोलॉजी जांच खातिर परेशान नाइ होखे के पड़ी। एह बाबत सीएमओ डॉ. आशुतोष कुमार दुबे अउर जिला अस्पताल के एसआईसी डॉ. राजेंद्र ठाकुर ने निर्देश जारी कइलें बानें।

सीएमओ बतवलें कि सब सीएचसी अउरी पीएचसी पर 24 घण्टा पैथोलॉजी जांच के सुविधा मिली। एकरे खातिर अस्पताल पर लैब तकनीशियन तैनात रहिहें। प्रसव के बाद प्रसूता के कम से कम दू दिन तक डॉक्टरन के निगरानी में भर्ती रखल जाई, जेसे कि प्रसव के बाद होखे ली कठिनाई के समय पs रोकल जा सके।

उ सीएचसी-पीएचसी से मरीजन के बिना वजह रेफर न कइले, गुणवत्तापूर्ण भोजन मुहैया करावे, कर्मचारियन के समय से वेतन देहले के निर्देश दिहलें। सीएमओ सब हेल्थ एंड वेलनेस सेंटर के क्रियाशील कइले के भी निर्देश दिहलें। गांव के अस्पतालन में एंटी रेबीज वैक्सीन अउरी एंटी स्नेक वेनम अनिवार्य रूप से रखे के कहल गइल, जेसे गांव के मरीज शहर में न आवें।

एसआईसी बतवलस कि अस्पताल में 24 घण्टा पैथोलॉजी जांच कइल जाई। इमरजेंसी में भर्ती होखेवाले मरीजन के आवश्यकता पड़ले पs एक्स-रे भी कइल जाई। अइसन न करे वाले कर्मियन पर सख्त कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]