[the_ad_group id="30365"]

पूर्वांचल में बढ़ल गिट्टी-बालू के दाम: ट्रक मालिकन के हड़ताल से सोनभद्र-बनारस के बीचे हजारों ट्रक भइलें ठड़ा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खनन विभाग के उत्पीड़न अउर क्रशर मालिकन के मनमानी के खिलाफ सोनभद्र में ट्रक के चक्का चार दिनन से ठाढ़ बा। ट्रक मालिकन के हड़ताल से बिल्डिंग मैटेरियल के दाम बढ़ गइल बा। एसे निर्माण कार्यन पर भी असर पडल तय मानल जा रहल बा। गिट्टी-बालू के दाम में बढ़ोत्तरी के अलावा सरकारी अउरी निजी सब तरह के निर्माण कार्य भी प्रभावित होई।

सोनभद्र के खदान से निकले वाले गिट्टी-बालू के आपूर्ति समूचे पूर्वांचल के मंडी में होला। ट्रक ऑनर्स एसोसिएशन के अनुसार सोनभद्र-बनारस के बीच चले वाले लगभग साढ़े चार हजार ट्रक ठड़ा हो गइल बा। एसोसिएशन के अनुसार परमिट पs गिट्टी 165-168 रुपया घन मीटर बा जबकि क्रशर मालिक एकर 500 रुपया वसूलतने। खनन विभाग के मिलीभगत से ट्रक ऑपरेटरन के दोहन कइल जाला।

गिट्टी के रेट में 10 रुपया स्क्वायर फीट के बढ़ोतरी

रोहनिया के बिल्डिंग मैटेरियल रविंद्र नारायण सिंह बतवलें कि जौन गिट्टी पहिले सात हजार रुपया ट्रैक्टर आवला, उ अब आठ हजार में आ रहल बा। उहवें, बालू जौन पहिले 7 हजार 500 रुपया ट्रैक्टर रहल, अब आठ हजार रुपया ट्रैक्टर बा। गिट्टी-बालू न अइले से आपूर्ति में दिक्कत हो रहल बा। दुकानदार इंद्रजीत सिंह बतवलें कि गिट्टी के रेट में 10 रुपया स्क्वायर फीट के बढ़ोतरी भइल बा। जबकि बालू छह से सात रुपया स्क्वायर फीट बढ़ल बा।

क्रशर मालिकन के मनमानी पर लागे लगाम

ट्रक ऑनर्स एसोसिएशन (वाराणसी) के अध्यक्ष राजेश रूपानी कहलें कि  खनन विभाग के उत्पीड़न अउरी क्रशर मालिकन के मनमानी से क्षुब्ध हो के ट्रक ऑपरेटर 22 सितंबर से हड़ताल पर हैं। इससे बनारस सहित पूर्वांचल के अन्य जिलों पर असर है। बनारस-सोनभद्र के बीच साढ़े चार हजार ट्रक खड़े हैं
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]