[the_ad_group id="30365"]

भारतीय रेलवे के नियम में बदलाव: ट्रेन में रात में सूते के नियम में भइल बदलाव, जानीं रेलवे के नयका गाइडलाइन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रउआ जब भी ट्रेन से यात्रा करेनी त बहुत बात के ध्यान में राखे के पड़ेला। एगो छोट गलती भी आपके बड़ मुसीबत मे डार सकता। दरअसल भारतीय रेलवे यात्री के सुविधा के ध्यान में राखत नियम में बहुत बड़ बदलाव कइले बा। एह बारे में आम तौर प ट्रेन में यात्रा करेवाला सब यात्री के जानकारी होखे के चाही। हालही में रेलवे के ओर से भइल बदलाव रात में यात्रा करेवाला यात्री लोग के बारे में बा।

रेलवे के नयका नियम के मुताबिक अब आपके सीट, डिब्बा चाहे कोच प बइठल कवनो यात्री मोबाइल प जोर से बात नइखे क सकत, ना उ जोर से गाना सुन सकsता। रेलवे नया दिशा निर्देश जारी कइले बा जेहसे कि यात्री लोग के नींद में कवनो गड़बड़ी ना होखे अउरी यात्रा के दौरान लोग शांति से सूत सके।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, बहुत यात्री अक्सर शिकायत करत रहले कि अपना कोच में एक संगे यात्रा करेवाला लोग फोन प जोर-जोर से बात करेले, चाहे देर रात तक गाना सुनतारे। कुछ यात्री लोग से भी शिकायत रहे कि रेलवे एस्कॉर्ट आ मेंटेनेंस स्टाफ के लोग भी जोर-जोर से बात करेले। एकरा अलावे बहुत यात्री रात के 10 बजे के बाद भी बत्ती जरा के राखेले, जवना के चलते उनुकर नींद खराब हो जाला। एकरा के देखत रेलवे एगो नया नियम बनवले बा। अइसन में अगर कवनो यात्री नियम के पालन ना करिहें त ओकरा खिलाफ कार्रवाई कईल जाई।

जानीं कि नयका नियम का बा

रेलवे बोर्ड तय कइले बा कि अगर रउरा ट्रेन से यात्रा करत समय रात दस बजे के बाद मोबाइल पर कस के बात करत बानी त कड़ा कार्रवाई कइल जाई। नयका नियम के मुताबिक रात के यात्रा के दौरान यात्री न त जोर से बात क सकतने, ना संगीत सुन सकतने। अगर कवनो यात्री शिकायत कइलें त ओकरा के सुलझावे के जिम्मेवारी ट्रेन में मौजूद कर्मचारी के होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]