[the_ad_group id="30365"]

झारखंड: वन विभाग में बंदर के भइल निर्मम हत्या, पिंजरा में दूनों हाथ तूड़ के लेहल गइल जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के धनबाद से एगो दर्दनाक घटना सामने आइल बा, जहां वनकर्मियन के कॉलोनी में एगो बानर के निर्मम तरीका से हत्या क देहल गइल बा। उहवें एह मामला के संज्ञान में लेत फोरेस्ट ऑफिसर आरके सिंह प्रभारी वनपाल जसीम अंसारी के शोकॉज जारी करत एक हफ्ता में जवाब मंगलें बानें। ई घटना धनबाद वन विभाग के फोरेस्ट कॉलोनी के ह। उहवें बिना पोस्टमार्टम के दफनावे खातिर जवाब मांगल गइल बा।

जानीं का बा मामला?

जानकारी के मुताबिक धनबाद के सत्यम नगर निवासी एसडी तिवारी के घर एगो बानर के पकड़ के रखल गइल रहल। उ एकर सूचना वन विभाग के दे दीहलें। फोरेस्ट ऑफिसर उहां के प्रभारी  जसीम अंसारी के बंदर के अपने कस्टडी में लेवे के निर्देश दिहले रहनें। साथ ही बंदर के रखे खातिर वन विभाग केज (जाली) भी उपलब्ध करा दिहले रहे। एकरे बाद बंदर के पकड़के लावल गइल अउर जाली में बंद कs दिहल गइल। कुछ देर बाद जब प्रभारी निगरानी में अइलें त देखलें की बंदर के क्रूरतम तरीका से हत्या कइल जा चुकल रहे। बंदर के दूनों हाथ के बुरी तरह से तूड़ दिहल गइल रहे। बंदर के मुंह से खून भी गीरत रहे।

बिना पोस्टर्माटम ही बंदर के दफना देहल गइल

बंदर के निर्मम हत्या के बाद पोस्टमार्टम के भी इंतजार नाइ कइल गइल अउर ओके आनन-फानन में दफना दिहल गइल।  जबकि वन विभाग के नियम के अनुसार कौनो भी जंगली जानवर के संदेहास्पद स्थिति में मौत होखे पर ओकर पोस्टमार्टम करावल अनिवार्य बा। एह घटना पर पर्दा डाले के पूरा कोशिश भइल लेकिन वरीय अधिकारियन के जानकारी होखले के बाद एकर जांच के आदेश दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]