[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर : गोरखपुर के बैंक रोड पे भयंकर आग लगल, लोग के घर खाली करावल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के टाउन हॉल बैंक रोड पे एगो भयंकर आग लाग गइल | कुर्सी बाजार में इ आग लाग गईल । बतावल जाता कि दु विस्फोट के संगे भयंकर आग लागल | ई आग एतना बड़ बा कि आसपास के घरन के भी खाली करावे के काम कइल गइल। बता दीं कि बैंक रोड गोरखपुर शहर के सबसे महत्वपूर्ण चौराहा ह। दर्जनों फायर टेंडर मौका पे आग पे काबू पावे में लागल | सभ बड़ बैंक के शाखा खुद बैंक रोड पे ही बा|

 

स्थानीय लोग बतवले कि कम समय में आग बहुत बड़ रूप ले लिहलस। एह दौरान अफरा तफरी के माहौल बनल रहे। आसपास के मकान तक पहुंचल आग। अइसना में जनता के सुरक्षा के देखत पुलिस घर खाली करवलस | मौका के नजदीक स्थित शिवाय होटल में ठहरल लोग के भी निकालल गइल|

हालांकि अबे तक ए दुर्घटना में कवनों चोट के खबर नईखे। अभी तक पता नईखे चलल कि इ दुर्घटना कईसे भईल। आसपास के लोग के कहनाम बा कि एगो रेस्टोरेंट में आग लाग गईल आ ओकरा बाद उहाँ राखल सिलेंडर में भारी धमाका भईल। एकरा बाद आग लग के दोकान के भी घेर लिहलस। पास में पेट्रोल पंप भी बा। एह डर से जनता में अउरी दहशत पैदा हो गइल रहे|

TAGS:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]