[the_ad_group id="30365"]

Breaking: बिहार के अररिया में महसूस कइल गइल भूकंप के झटका, रिक्टर स्केल पs 4.3 रहल तीव्रता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के अररिया जिला में बुध के सबेरे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल बा। नेशनल सेंटर फॉर सीस्मोलॉजी के मोताबिक भूकंप के झटका सबेरे करीब 5 बजकर 35 मिनट पs महसूस कइल गइल बा। रिक्टर स्केल पs भूकंप के तीव्रता 4.3 मापल गइल बा। अभी जान-माल के नुकसान के कवनो खबर नइखे।

भारत के राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र (NCS) बतवलस कि बिहार के अररिया में बुध के सबेरे करीब 5.35 बजे 4.3 तीव्रता के भूकंप आइल। भूकंप के केंद्र जमीन के सतह से करीब 10 किलोमीटर के गहराई पs रहे।

भूकंप के झटका अररिया के संगे-संगे कटिहार, किशनगंज, पूर्णिया, भागलपुर, मधेपुरा, सहरसा, सुपौल सहित बंगाल के हिस्सन में महसूस कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]