[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: रंगदारी वसूले वालन के भेजल गइल जेल, चालकन के बयान भइल दर्ज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में अवैध बस स्टैंड चला के रंगदारी वसूले अउरी जान से मारे के धमकी देवे के जांच तेज हो गइल बा। एसपी सिटी अउरी सिटी मजिस्ट्रेट मंगर के स्टैंड गइलें आ चालकन के बयान दर्ज कइलें।

ओंने सोमार के पकड़ल गइल दू आरोपियन प्रदीप सिंह अउर शिवा शुक्ला के पुलिस कोर्ट में पेश कइलस, जहां से जेल भेजल गइल। जानकारी के मुताबिक, पुलिस नामजद दूसरे आरोपियन के तलाश में दबिश दे रहल बीया। मामला के जांच में कई अउरी लोग के नाम सामने आइल बा।

अवैध बस स्टैंड चलावे वालन के कारनामा के भी जानकारी मिलल बा। एसपी सिटी कृष्ण कुमार विश्नोई अउरी सिटी मजिस्ट्रेट अंजनी सिंह मंगलवार दूपहर एक बजे के करीब अवैध बस स्टैंड परिसर में पहुंचल रहे। उहां पार्किंग में ठाढ़ बस के चालकन अउरी दुकानदारन से पूछताछ कइलस।

एह दौरान कैंट इंस्पेक्टर शशिभूषण राय बयान दर्ज कइलें। पूछलें कि बस ठाढ़ करे खातिर उनसे केतना रुपया लेहल जाला। पार्किंग खातिर कौनो व्यक्ति स्टैंड के शुल्क त नाइ लेला।

गाड़ी चालक के बयान दर्ज कइला के बाद एसपी सिटी पार्किंग के संचालन करे वालन के निर्देश दिहलें कि गेट पर रेट लिस्ट के बड़ बोर्ड लगा देवें। जेहमें स्पष्ट रूप से लिखल बा कि पार्किंग खातिर कौनो वाहन के कितना फीस देवे के बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]