[the_ad_group id="30365"]

भारी पड़ल नचनियन के ठुमका, 49 लोग पर मुकदमा, चार सिपाही भइलें सस्पेंड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सलेमगढ़ (कुशीनगर) के तरयासुजान क्षेत्र के तिनफेड़ियां के डोल मेला में नचनियन के ठुमका के मजा लेहल भारी पड़ गइल। गीत अउरी नृत्य से अश्लीलता फैलावे के आरोप में आयोजन समिति के जिम्मेदार लोग अउरी मौका पर मौजूद पुलिसकर्मियन पर कड़ कार्रवाई कइल गइल बा। नौ नामजद अउर 40 अज्ञात लोग पs मुकदमा दर्ज भइल बा। अश्लीलता रोके में नाकाम रहले के आरोप में एसपी मेले में ड्यूटी पर मुस्तैद रहे चार सिपाहियों को निलंबित कर दिया है।

जानकारी के अनुसार, तिनफेड़ियां में दू दिन के डोल मेला के आयोजन कइल गइल रहल। अतवार के रात अउरी सोमार के दिन में आयोजित डोल मेला में आयोजक लोग डांस पार्टी के कार्यक्रम करावल।

आरोप बा कि एह दौरान नचनिया सब अश्लील गाना पर नाच के लोग के रिझावत रहनें सब। एहमें बज रहल गाना से समाज में अश्लीलता फइलत रहे। नचनियन के डांस के वीडियो बना के केहू सोशल मीडिया पर पोस्ट कs दिहल, जौन वायरल हो गइल। मामला के जानकारी होखले पर एसपी धवल जायसवाल कार्रवाई के निर्देश दिहलें।

एसपी के सख्ती पर तिनफेड़ियां चौकी प्रभारी निरंजन राय तहरीर देहलें। उ समिति के अभय खरवार, राजन कुमार, पंकज, अरुण बरनवाल, निरंजन पासवान, पप्पू पांडेय, शैलेश यादव, अशोक यादव, राजू ब्याहुत अउर चालीस अज्ञात लोग पर केस दर्ज कइले बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]