[the_ad_group id="30365"]

विकास भवन कार्यालय में सीडीओ कइलें औचक निरीक्षण, 31 कर्मचारी मिलले अनुपस्थित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजु मुख्य विकास अधिकारी संजय कुमार मीना विकास भवन कार्यालय में स्थित दर्जन भर कार्यालय के औचक निरीक्षण कइलें। निरीक्षण कइल गइल कार्यालय में डीपीआरओ कार्यालय में 26 में 16 कर्मचारी अनुपस्थित, जिला पिछड़ा वर्ग में 3 में 1 कर्मचारी अनुपस्थित, डीएसडब्ल्यूओ 10 में 4 अनुपस्थित, डीएसओ 19 में 3 अनुपस्थित आरईएस 24 में 4 अनुपस्थित, खाद्य सुरक्षा में 4 में 1 अनुपस्थित, एमआई 15 में 2 अनुपस्थित पावल गइलें। कर्मचारियन में 31 कर्मचारी अनुपस्थित पावल गइल। अनुपस्थित पावल गइल कर्मचारियन के 1 दिन के वेतन बाधित करे के मुख्य विकास अधिकारी आदेश जारी करत स्पष्टीकरण मंगलें। बैगर छुट्टी लीहलें अपने संबंधित कार्यालय से अनुपस्थित कौने कारण से पावल गइलें। सही जवाब ना मिलले पs इनके खिलाफ विभागीय कार्रवाई कइल जाई अउरी एक दिन के वेतन काटे के निर्देश दिहलें। जौन कार्यालय में साफ-सफाई नाइ रहल। उनके कार्यालय प्रभारी के जम के फटकार लगवलें अउरी निरीक्षण के दौरान विकास भवन के शौचालय में गंदगी के अंबार मिलल।

बता देई कि मुख्य विकास अधिकार के बुधवार के पूर्वान्ह लगभग 10.30 बजे विकास भवन स्थित कार्यालय के औचक निरीक्षण कइल गइल। निरीक्षण के दौरान अधिकतर कार्यालय के 31 अधिकारी/कर्मचारी अनुपस्थित पावल गइल। सीडीओ नाराजगी व्यक्त करत अनुपस्थित अधिकारी/कर्मचारियों से स्पष्टीकरण लेहले के निर्देश दिहलें।

उ कहले कि संतोष जनक स्पष्टीकरण न मिलले पर कार्यालय में नदारद मिलल अधिकारी, कर्मचारियन के वेतन रोके के संगही अनुशासनात्मक कार्रवाई कइल जाई। सीडीओ के निरीक्षण के दौरान कुछ कार्यालय में शौचालय, टॉयलेट, वॉटर कूलर के आसपास गंदगी पसरल रहे। हर जगह गुटखा आदि थूकल गइल रहल। सीडीओ अधिकारी, कर्मचारियन के समय पर कार्यालय में उपस्थित होखले के सथही सुबह 10 बजे से दोपहर 12 बजे ले जनता के समस्या सुने के निर्देश दिहलें।

उ कहलें कि दफ्तर में भविष्य में भी औचक निरीक्षण कइल जाई। अगर ओह दौरान अनुपस्थित कौनो अधिकारी चाहे कर्मचारी पावल गइलें त उनके खिलाफ सख्त से सख्त कार्रवाई कइल जाई। हर कार्यालय के सफाई बेहतर तरीका से कइल जाए। आए वाले आगंतुकन से शिष्टाचार बर्ताव कइल जाए।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]