[the_ad_group id="30365"]

सीएम योगी बिहान करीहें 418 कार्य के लोकार्पण अउरी शिलान्यास, 10 ठो इलेक्ट्रिक बस के दिखइहें हरिहर झंडी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ तीन अगस्त के 122 करोड़ रुपया के परियोजना के लोकार्पण अउरी शिलान्यास करिहें। एह दौरान डोर-टू-डोर कूड़ा उठावे वाली 25 गाड़ी, 10 इलेक्ट्रिक बस अउरी दू ई-टूरिस्ट बस के हरी झंडी दिखा के रवाना करिहें।

बाबा गंभीरनाथ प्रेक्षागृह में बुधवार के आयोजित कार्यक्रम में मुख्यमंत्री योगी नगर निगम के करीब 61 करोड़ के लागत के 148 कार्यन के शिलान्यास अउर 47 करोड़ रुपये के लागत के 270 कार्यन के लोकार्पण करिहें। एहमें सड़क निर्माण, पेयजल आपूर्ति, जल निकासी और पार्कन के सुंदरीकरण के कार्य शामिल बा। मुख्यमंत्री 14.44 करोड़ के चार परियोजना के शुभारंभ भी करिहें। कार्यक्रम में कूड़ा इकट्ठा करे वाले वाहन के चालकन के रोजगार प्रमाणपत्र भी सौंपल जाई। 

एह कार्यन के होई शिलान्यास

  • 15वें वित्त आयोग अउरी नगर निगम के निधि से 11.16 करोड़ रुपये के विभिन्न वार्डन में 95 सड़क अउरी नाली के निर्माण
  • पार्षद वरीयता के तहत वार्डन में 32 करोड़ रुपये की विभिन्न परियोजना
  • 15वें वित्त आयोग अउरी नगर निगम ल 14.11 करोड़ के लागत से 44 पेयजल आपूर्ति के कार्य
  • करीब 2.65 करोड़ रुपये के लागत से 50 टीपीडी क्षमता के विध्वंस अपशिष्ट प्रोसेसिंग प्लांट के स्थापना
  • विभिन्न वार्डन में 52.34 लाख के लागत से चार पार्क के सुंदरीकरण अउरी मानबेला में छठ पोखरा के निर्माण
  • जलनिकासी खातिर 20.11 लाख की लागत से पंप की खरीद।

 

एह कार्यन के होई लोकार्पण

  • 15वें वित्त आयोग अउरी नगर निगम के निधि से 28.51 करोड़ के लागत से 219 सड़क अउरी नाली
  • 15वें वित्त आयोग के तहत 16.20 करोड़ रुपया के लागत से पेयजल आपूर्ति के 42 कार्य
  • 15वें वित्त आयोग के तहत 1.74 करोड़ के लागत से 187 नलकूपन के ऑटोमाइजेशन
  • विभिन्न वार्ड में 36.76 लाख रुपये के लागत से छह पार्क के सुंदरीकरण
  • विभिन्न इलाका में बिजली के खंभन पर 20.19 लाख के लागत से तिरंगा स्ट्रीप लाइट।

एह परियोजना के करिहें शुभारंभ

डोर टू डोर कूड़ा उठाने वाली 25 गाड़ी, दो जेटिंग मशीन, 10 इलेक्ट्रिक बस, दू ई-टूरिस्ट बस।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]