[the_ad_group id="30365"]

भ्रष्टाचार पs कार्रवाई : पूर्वांचल में 30 दिन में बिजली विभाग के 34 दागी अधिकारी सस्पेंड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजली विभाग में एह घरी भर्ष्टाचार पs कार्रवाई के डंडा चल रहल बा। पूर्वांचल में 30 दिन के दौरान 34 से बेसी अधिकारी सस्पेंड हो चुकल बा लो। वाराणसी जोन में 12 अधिकारियन पs गाज गिर चुकल बा। एमडी विद्याभूषण एक सप्ताह के अंदर प्रयागराज, वाराणसी आ आजमगढ़ जोन में तीन एक्सईएन, तीन एसडीओ समेत 14 अधिकारियन के सस्पेंड कs देले।

मुख्य अभियंता आ एसई रैंक के अधिकारियन के चार्जशीट दिहल गइल बा। लाइनमैन तक के नइखे छोड़ल गइल। पांच कुशल संविदा कर्मचारी बर्खास्त हो गइले। निलंबित अधिकारियन में केहू पs भ्रष्टाचार, केहू पs काम में लापरवाही बरते के आरोप लागल बा। एकमुश्त समाधान योजना (ओटीएस) में खराब प्रदर्शन पs पहिला बेर एसडीओ आ जेई के सस्पेंड कइल गइल बा।

ओहिजा, सूत्रन के मोताबिक निदेशक (कार्मिक एवं प्रशासन) कार्यालय में पिछला एक सप्ताह से गोपनीय फाइलन के तइयार कइल जा रहल बा। पूर्वांचल के 21 जिलन में 800 से बेसी अधिकारियन के खिलाफ जांच चल रहल बा।

456 कर्मचारियन के इंक्रीमेंट पs रोक

पूर्वांचल के आजमगढ़, गोरखपुर आ मिर्जापुर जोन के 456 कर्मचारियन के इंक्रीमेंट पs रोक लगा दिहल गइल बा। ई कर्मचारी वर्कशॉप आ डिवीजनन में तैनात बा लो। एकरा अलावे काम में लापरवाही पs कइयन गो लिपिकन के चेतावनी पत्र जारी भइल बा।

ई भइल लो सस्पेंड

एक्सईएन अभिषेक कुमार, एक्सईएन जयकृण, एक्सईएन एके सिंह, एक्सईएन मनोज सिंह, एसडीओ राकेश यादव, एसडीओ एपी यादव, एसडीओ अमित गुप्ता, जेई आशीष कुमार, जेई राजकुमार, जेई आलमगिरी अंसारी, जेई अभिराम, जेई सुनील कुमार, जेई संतोष गौतम।

साभार: हिन्दुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]