[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: सीएम योगी गुरुद्वारा कार्यक्रम में भइलें शामिल, बोलनें-सिख गुरु के महान परंपरा सब के खातिर प्रेरणादायी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिख गुरुअन के गौरवशाली इतिहास बा। गुरु नानक देव से ले के गुरु गोविंद सिंह महाराज ले भक्ति अउर शक्ति के अद्भुत समन्वय देखे के मिलsता। ई हर भारतीय के मन में न खाली धर्म अउर संस्कृति के संरक्षण के प्रति बल्कि, मातृभूमि के प्रति भी ओतनही आग्रही बनावsला। सिख गुरुअन के महान परंपरा हम सबके खातिर प्रेरणादायी बा।

ई बात मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गुरु तेग बहादुर के 347वें शहीदी पर्व पर आयोजित कार्यक्रम के दौरान जटाशंकर गुरुद्वारा में कहनें। गुरु ग्रंथ साहिब के नमन कइले के बाद कहनें कि ई परंपरा हमके धर्म, संस्कृति अउर राष्ट्रीयता के रक्षा के प्रति आग्रही बनावेला एह परंपरा के अनुसरण कs के हम देश अउर समाज के आगे बढ़ावे में आपन योगदान दे सकतनीं।

सीएम कहनें कि गुरु तेग बहादुर क्रूरता अउर बर्बरता के खिलाफ मजबूती के साथ आवाज उठवले रहनें। उनकर ई आवाज, उनकर बलिदान कश्मीरी पंडितन के रक्षा खातिरो रहल। गुरु तेग बहादुर के त्याग अउर बलिदान से आजु अपना देश विकास के नई ऊंचाई के छू रहल बा।

मुख्यमंत्री कहनें कि अजुए के दिन 347 वर्ष पहिले भारत के आक्रांता के क्रूर हाथ से मुक्त करावे खातिर ऊ अपने आप के बलिदान कइले रहनें। आजु देश अपने आजादी के अमृत महोत्सव मना रहल बा। हमनींके याद रखे के होई कि देश के आजादी महापुरुषन के त्याग अउर बलिदान के नींव पर टिकल बा। आजादी के अमृत महोत्सव गुरु तेग बहादुर के बलिदान से एगो नयका प्रेरणा प्राप्त करे के भी अवसर बा।

एह अवसर पर जटाशंकर गुरुद्वारा प्रबंध समिति के तरफ से मुख्यमंत्री के स्मृति चिह्न, अंगवस्त्र व कृपाण भेंटकर सम्मानित कइल गइल। कार्यक्रम में गुरुद्वारा जटाशंकर प्रबंध समिति के अध्यक्ष सरदार जसपाल सिंह, रवींद्र पाल सिंह, कुलदीप सिंह, मंजीत भाटिया, दौलतराम, अशोक मल्होत्रा, हरप्रीत सिंह आदि प्रमुख रूप से मौजूद रहे। संचालन उत्तर प्रदेश पंजाबी अकादमी के सदस्य सरदार जगनैन सिंह नीटू कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]