[the_ad_group id="30365"]

कुढ़नी उपचुनाव: वीडियो देखावs आ 50 लाख इनाम में पावs! जानीं मुकेश सहनी काहे कइले अइसन ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar By Poll 2022: बिहार में फेर एकबेर उपचुनाव के बिगुल बज चुकल बा। कुढ़नी उपचुनाव के जंग अब सुरू हो गइल बा। एनडीए आ महागठबंधन समेत कुल 13 उम्मीदवार मैदान में बा लो। वीआईपी पार्टी आपन उम्मीदवार इहां खड़ा कइले बिया। जेकरा खातिर वीआइपी प्रमुख मुकेश सहनी लगातार प्रचार कर रहल बाड़ें। मुकेश सहनी इहां प्रचार के दौरान एगो बड़ चैलेंज सबका सामने रख देले बाड़ें आ ओकरा के जीते वाला के 50 लाख रुपिया इनाम के तौर पs देवे के बात कह देले बाड़ें।

मुकेश सहनी के दावा

मुकेश सहनी चुनाव प्रचार के दौरान सरेआम एगो बड़ चैलेंज सबका सामने रखले बाड़ें। एगो न्यूज पोर्टल से बात करत मुकेश सहनी कहलें कि वीआइपी पार्टी के उम्मीदवार इहां से जीत दर्ज करिहें। ऊ कहलें कि कवनो पार्टी के माहौल वीआइपी पार्टी लेखा तरह नइखे। लगातार रोड शो कs रहल बानी सs। इहां माहौल हमनी के लायक बहुते अच्छा बा। आगे कहलें कि इहां हजारन जुवा लोगन के हुजूम हमनी के कार्यक्रम में सामिल हो रहल बा।

50 लाख रुपिया जीते के चैलेंज

मुकेश सहनी दावा कइलें कि जेतना निम्मन तरीका से हमनी के कैंपेन हो रहल बा उ कवनो आउर पार्टी के ना हो सकल चाहे ऊ क्षेत्रिय पार्टी होखे भा फेर राष्ट्रीय पार्टी। एही क्रम में ऊ कहलें कि जदि केहु साबित कs दी कि वीआइपी पार्टी से बढ़िया ओकर कैंपेन हो रहल तs हम ओकरा 50 लाख रुपिया देम। ऊ वीडियो लेके आ जाये आ साबित कs देम।

हमनी के गठबंधन इहां जनता के संगे- मुकेश सहनी

मुकेश सहनी कहलें कि हमनी के गठबंधन इहां जनता के संगे बा। वीआइपी पार्टी के प्रत्याशी निलाभ कुमार जुवा आ पढ़ल लिखल बा। उनकर नाना साधु शरण शाही के एगो विरासत इहां रहल बा। तs जनता तय कs लेले बिया कि जीत वीआइपिये के मिली। कहलें कि हमनी के संगे जुवा लोगन के सबसे बेसी समर्थन बा। कहलें कि महागठबंधन आ एनडीए दुनुए हमनी के हरावे ला उतरल बाड़ी सs आ ई तय बा कि वीआइपी दुनो के हराई।

साभार: प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]