राहुल गांधी के भारत यात्रा एह दिन में मध्यप्रदेश में बा। एह यात्रा में करीब सौ से अधिक भारत यात्री बानें, जे राहुल के साथ ही कन्याकुमारी में आपन सफर शुरू कइले रहल। एहमें से एक बानें हरियाणा के 27 वर्षीय दिनेश शर्मा। बाएं पैर पर पट्टी बन्हले बानें अउर दाएं पैर में छाला बा। बिना चप्पल जो अब ले के यात्रा तय कइले बाने। अइसन नइखे कि चप्पल पहन नाइ सकतनें, लेकिन दिनेश शर्मा 12 साल पहिले चप्पल पहिनल छोड़ दिहले रहनें। उनकर लक्ष्य बा राहुल गांधी के प्रधानमंत्री बनत देखल। एकरे बादे ऊ चप्पल पहनीहें। यात्रा में राहुल के पीछे तिरंगा लहरावत दिनेश शर्मा आपके दिख जइहें।
अइसन नइखे कि एह राहुल भक्त के केहू नइखे जानत। राहुल खुद भाषण के दौरान मंच पर दिनेश शर्मा के बुला लेने। महू में भी ऊ अइसन कइनें। दिनेश के मंच पर बुलवलें अउर राहुल के पीछे उ तिरंगा लहरावत दिखनें। दिनेश पेशा से वकील बानें। परिवार में एक भाई अउर बहिन बा।