[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर शहर में मनावे आ रहल बानीं नया साल त पढ़ लेईं पूरा खबर, आज से बदलल रही यातायात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नयका साल में जश्न के तैयारी के ले के लोग के सुगमता अउर सुरक्षा देवे खातिर पुलिस प्लान तैयार कs लिहले बा। हुडंदगियन पर कार्रवाई खातिर पुलिस टीम सड़क पर बैरीकेडिंग लगा के चेकिंग करी त महिला लोग के सुरक्षा खातिर अलग-अलग स्पेशल टीम गठित कs दीहल गइल बा। टीम सादा वर्दी में भीड़ के बीच रह के सुरक्षा देई।

ओंने भीड़ अउर वाहन के अइले के हिसाब से रुट डायवर्जन अउर पार्किंग भी निर्धारित कs दीहल गइल बा। चेकिंग के पीछे के मकसद बा कि सड़क पर केहू शराब पी के वाहन न चलावे। ताकि हादसा रोकल जा सके। एडीएम सिटी विनीत सिंह अउर एसपी सिटी कृष्ण कुमार विश्नोई होटल अउर 18 जगह पर होखे वाले बड़ आयोजन के प्रभारियन से बातचीत कइलें। बइठक कर उनके गाइडलाइन के बारे में जानकारी देके बतावल गइल कि होटल अउर पार्किंग में ई सुनिश्चित कर लेहल जाव कि वाहन चलावे वाला शराब न पीये। कहीं दिक्कत आवे त तत्काल पुलिस के सूचना दीहल जाव।

31 दिसंबर अउर एक जनवरी खातिर रूट डायवर्जन

गोरखनाथ मंदिर आवे वाले वाहन

  • महराजगंज, फरेंदा अउर पीपीगंज के ओर से आवे वाले चार पहिया, रोडवेज बस, मिनी बस, ट्रैक्टर-ट्राली, ट्रक बरगदवां से भगवानपुर, स्पोर्ट्स कॉलेज, खजांची चौराहा, पादरीबाजार, कौवाबाग, मोहद्दीपुर होत जइहें।
  • यातायात तिराहा, धर्मशाला चौक से मंदिर के ओर जाए वाले दू पहिया, तीन पहिया अउर चार पहिया वाहन धर्मशाला, गंगेज, दुुर्गाबाड़ी, सुभाष चंद्र बोस नगर कॉलोनी से ग्रीन सिटी मोड़ होत जाई।
  • जेपी हॉस्पिटल से गोरखनाथ ओवरब्रिज से दो पहिया, चार पहिया, तीन पहिया वाहन प्रतिबंधित रही। ई वाहन दुर्गाबाड़ी, ग्रीन सिटी मोड़ल होत जाई।
  • लेबर तिराहा से आवे वाले वाहन रामनगर चौराहा, स्पोर्ट्स कॉलेज से जइहें
  • इंस्ट्रीयल मोड़ के आवे वाले रामनगर चौराहा से स्पोर्ट्स कॉलेज होत जइहे।
  • बरगदवां चौराहा से धर्मशाला चौक के ओर आवे वाले वाहन ग्रीन सिटी मोड़, सुभाष चंद्र बोस नगर, सूरजकुंड ओवरब्रिज, दुर्गाबाड़ी, गंगेज होत अइहें।
  • पैडलेगंज चौराहा से नौकायान होत हनुमान मंदिर देवरिया बाईपास जाए वाले दो पहिया, चार पहिया, तीन पहिया वाहन अमर तिराहा हो के जइहें।
  • हनुमान मंदिर देवरिया बाईपास से नौकायन होत पैडलेगंज जाए वाले दू पहिया, चार पहिया, तीन पहिया वाहन अमर उजाला तिराहा से जइहें।

इहां होई पार्किंग

  • पैडलेगंज चौराहा से नौकायन जाए वाले बस चंपा देवी पार्क में।
  • पैडलेगंज चौराहा से नौकायन जाए वाले चार पहिया, तीन पहिया, बस के पार्किंग बाबा गंभीर प्रेक्षागृह सड़क पर चारों तरफ।
  • हनुमान मंदिर देवरिया बाईपास से नौकायन आवे वाले दू पहिया,चार पहिया, तीन पहिया वाहन ट्रांसफार्मर तिराहा, महंथ दिग्विजयनाथ पार्क में।
  • हनुमान मंदिर देवरिया बाईपास से नौकायन से आवे वाले बस बाबा गंभीर नाथ प्रेक्षागृह रोड पर।
  • चिड़ियाघर आवे वाले दो पहिया, तीन पहिया, चार पहिया वाहन सहरा स्टेट अउर चिड़िया के दाहिने रोड पर बाएं ओर खाली स्थान पर।

पुलिस कइलस ई अपील

  • डीजे अउर अन्य ध्वनि विस्तारक यंत्र के रात दस बजे के बाद न बजाई।
  • कौनहू ध्वनि/संगीत अधिक तीव्रता में न बजाईं
  • शराब पीकर वाहन न चलाईं।
  • गाड़ी के संबंधित होटल, मॉल, व्यवसायिक प्रतिष्ठान, रामगढ़ताल, चिड़ियाघर के निर्धारित पार्किंग में ही पार्क करीं
  • माता-पिता, अभिभावक, दोस्त द्वारा बगैर लाइसेंस या अवयस्क के गाड़ी चलावे के अनुमति न देईं।
  • यातायात संकेत के पालन करीं।
  • निर्धारित सीमा से अधिक गति से वाहन न चलाईं।
  • दू पहिया वाहन पर ट्रिपल राइडिंग न करीं।
  • बिना हेलमेट के दू पहिया वाहन न चलाईं
  • खतरनाक तरीका से वाहन न चलाईं।
  • कौनहू वाहन से रेस चाहे स्टंटिंग न करीं।
एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर कहनें कि गोरखनाथ मंदिर, नौकायन, मॉल, तरकुलहा, कुसम्ही जइसन सब महत्वपूर्ण स्थान अउर बाजार, मंदिर में सुरक्षा व्यवस्था के अलग ड्यूटी लगा दीहल गइल बा। पुलिस के अलग-अलग टीम सनीचर सुबह से ही तैनात हो जाई। थाना पुलिस अउर अफसर घूमत रहिहें। बैरीकेडिंग लगा के चेकिंग कइल जाई। शराब पी के गाड़ी चलावे वालन पर सख्ती अउर महिला लोग के सुरक्षा पर विशेष ध्यान दिहल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]