[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: प्रेक्षागृह के बिजली कनेक्शन कटल, 44 लाख रहल बकाया, जीडीए करsला संचालित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) के ओर से संचालित गंभीरनाथ प्रेक्षागृह के बिजली 44 लाख रुपया के बकाएदारी में बियफे के काट दिहल गइल। दू करोड़ रुपया के बकाएदारी में जल्दिए गोरखपुर विश्वविद्यालय के भी बिजली काट दीहल जाई।

बिजली निगम के अधिकारियन के कहनाम बा कि बकाया बिल जमा करे खातिर जीडीए से कई बेर संपर्क कइल गइल, लेकिन बिल जमा नाइ कइल गइल। मजबूरन बिजली कनेक्शन काटे के कार्रवाई करे के पड़ल।

बिजली निगम एह दिन बकाएदारी पs कार्रवाई कs रहल बा। एकरे दायरे में सरकारी विभाग भी आ गइल बा। कुछ दिन पहिले बिजली निगम 26,000 बकाएदारन पर 301 करोड़ रुपया के बकाएदारी पर आरसी जारी कइले बानें। एहमें सरकारी विभाग के अधिकारी भी शामिल बा। एही बीच, सरकारी विभाग के बड़ बकाएदारन पर भी कार्रवाई शुरू कs दिहल गइल।

अधीक्षण अभियंता शहरी यूसी वर्मा बतवलें कि बकाया पर जीडीए प्रबंधन से लगातार पत्राचार कइल गइल, लेकिन पिछले एक बरिस से बिल जमा नाइ हो सकल। ऊ बतवलें कि अगिला नंबर गोरखपुर विश्वविद्यालय के ह। एह पर लगभग 2.25 करोड़ रुपया के बिजली बिल बकाया बा।

कई बेर पत्राचार कsके बिल जमा करे के कहल जा चुकल बा, लेकिन प्रबंधन ध्यान नाइ दे रहल बा। सरकारी विभाग पर बकाया के सूची निकाल के भुगतान जमा करवावल जाई। नाइ जमा करे वाले विभागन के बिजली काट दीहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]