[the_ad_group id="30365"]

कानपुर विश्वविद्यालय: प्रो. विनय पाठक के खिलाफ सीबीआई जांच के संस्तुति, केंद्र सरकार के भेजल गइल चिट्ठी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छत्रपति शाहूजी महाराज विवि, कानपुर के कुलपति प्रो. विनय पाठक पर रंगदारी, कमीशन अउर अवैध वसूली के मामिला के जांच सीबीआई से करावे के संस्तुति कs दीहल गइल बा। प्रदेश सरकार एह संबंध में केंद्र के चिट्ठी भेजले बा। प्रो. पाठक अउर उनके करीबी एक्सएलआईसीटी कंपनी के एमडी अजय मिश्रा के खिलाफ इंदिरानगर थाना में 29 अक्तूबर के केस दर्ज भइल रहे। एकर जांच एसटीएफ करsतिया अउर अब ले अजय मिश्रा समेत तीन जनी के गिरफ्तारी हो चुकल बा।

डॉ. भीमराव अंबेडकर विवि, आगरा में परीक्षा करावे वाली कंपनी डिजीटेक्स टेक्नालॉजिज इंडिया प्रा. लि. के एमडी डेविड मारियो डेनिस अजय मिश्रा के जरिए प्रो. पाठक पर कमीशन लेहले समेत अन्य आरोप लगवले बानें। केस दर्ज होइतही एसटीएफ अजय मिश्रा के गिरफ्तार कs लिहलस। एकरे बाद अजमेर के कारोबारी अजय जैन अउर सीतापुर निवासी संतोष के गिरफ्तारी भइल। तीनों जनी पर प्रो. पाठक के काला धन के सफेद करे के आरोप बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]