Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Akshaya Tritiya 2024: अक्षय तृतीया पs सीएम योगी कइलें रुद्राभिषेक, प्रदेशवासियन के देलें बधाई, सुख-समृद्धि के कामना कइलें 

259

अक्षय तृतीया पs सुक के सबेरे मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोरखनाथ मंदिर में रुद्राभिषेक कs के भगवान भोलेनाथ से प्रदेशवासियन के सुख-समृद्धि के प्रार्थना कइलें। सीएम सब नागरिकन के अक्षय तृतीया के हार्दिक बधाई देलें।

गोरखनाथ मंदिर इस्थित पीठाधीश्वर आवास के पहिला तल पs शक्तिपीठ में सीएम योगी देवाधिदेव महादेव के विल्व पत्र, कमल पुष्प, दूर्वा, कइयन गो आउर पूजन सामग्री अर्पित कइला के बाद दूध आ फलन के रस से रुद्राभिषेक कइलें। मठ के विद्वत पुरोहितगण शुक्ल यजुर्वेद संहिता के रुद्राष्टाध्यायी के महामंत्रन से रुद्राभिषेक के अनुष्ठान पूरा करवलें।

रुद्राभिषेक के बाद मुख्यमंत्री वैदिक मंत्रोच्चार के बीच हवन आ आरती कइलें। विधि विधान से पूजा भइला के बाद ऊ प्रदेशवासियन के आरोग्यमय, सुखमय, समृद्धमय आ शांतिमय जिनगी के मंगलकामना कइलें।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अक्षय तृतीया परब पs सब नागरिकन के सुभकामना प्रेषित करत सोशल मीडिया प्लेटफार्म एक्स पs लिखलें, ‘सौभाग्य आ समृद्धि के पावन परब अक्षय तृतीया के प्रदेश वासियन के हार्दिक बधाई आ सुभकामना। त्रिभुवन स्वामी भगवान श्रीविष्णु आ मां लक्ष्मी से प्रार्थना बा कि सबका जिनगी में सुख-शांति, संपन्नता आ उत्तम स्वास्थ्य से परिपूर्ण होखे।”

सीएम योगी देलें भगवान परशुराम जयंती के सुभकामना

अक्षय तृतीया के पावन तिथि के भगवान परशुराम के अवतरण भइल रहे। ई तिथि परशुराम जयंती के रूप में मनावल जाला। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रदेशवासियन के भगवान परशुराम जयंती के शुभकामनाएं देलें।

ऊ सोशल मीडिया प्लेटफार्म एक्स पs एगो संनेस जारी कs कहलें, ‘भगवान विष्णु के आवेशावतार, भक्ति, शक्ति आ विद्वता के शाश्वत प्रतीक, भगवान परशुराम के जयंती पs प्रदेश वासियन के हार्दिक सुभकामना। अपना ज्ञान, शौर्य आ तपोबल से न्याय के स्थापना करे वाला भगवान परशुराम के नमन।’

सीएम योगी के देख झूम उठल लो महाराष्ट्र से आइल श्रद्धालु, लागल जय श्रीराम के जयकारा

महायोगी गुरु गोरखनाथ के दर्शन पूजन करे आइल महाराष्ट्र से आइल श्रद्धालुअन के एगो बड़ समूह के नजर जइसही गोरखनाथ मंदिर परिसर के भ्रमण कs रहल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पs पड़ल तs समूह में सामिल लोग खुसी से झूम उठल।

सइयन के संख्या में मवजूद श्रद्धालु जय श्रीराम आ योगी-योगी के जयकारा लगावल सुरू कs दिहल लो। एह श्रद्धालुअन के उत्साह आ उल्लास के देखत मुख्यमंत्री उनका लगे पहुंचलें आ अभिवादन कs के उनकर कुशलक्षेम जन लें। ऊ मंदिर प्रबंधन से जुड़ल लोगन के निर्देशित कइलें कि कवनो श्रद्धालु के कवनो तरे के दिक्कत ना होखे के चाहीं।

साभार: दैनिक जागरण

820890cookie-checkAkshaya Tritiya 2024: अक्षय तृतीया पs सीएम योगी कइलें रुद्राभिषेक, प्रदेशवासियन के देलें बधाई, सुख-समृद्धि के कामना कइलें 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.