[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर शहर के सीमा बढ़ेगी- बांसगांव, खजनी आ कैंपियरगंज तहसील शहरी क्षेत्र के हिस्सा बनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। पिछला साल आपन सीमा के विस्तार करे वाला गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) एमे आउर क्षेत्र जोड़ी। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बांसगांव, खजनी, चौरी चौरा, कैंपियरगंज आदि तहसीलन तक जीडीए के सीमा विस्तार करे के कहल गइल बा। ऊ कहले कि एह क्षेत्रन में नजर राखल जाई कि अनियोजित विकास ना हो सके। नियोजित विकास पs धेयान दिहल जाई। अइसन होखला से गोरखपुर के तेजी से नियोजित विकास होई।

पहिलही बढ़ चुकल बा जीडीए के सीमा

दु दिवसीय गोरखपुर दौरा पs आइल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोरखनाथ मंदिर में अधिकारियन के संगे बैठक करत रहस। ऊ विकास के काम पs चर्चा करत कहले कि जहां कहीं अनियोजित विकास हो रहल बा, ओकरा के रोकल जाव। जीडीए के क्षेत्र के आउर बढ़ावल जाव आ ओह दायरा में आवे वाला क्षेत्रन में सुनियोजित तरीका से ढांचागत विकास कइल जाव। मुख्यमंत्री के निरदेस के बाद जीडीए जल्दिये सीमा विस्तार के लेके प्रस्ताव तइयार कर सकत बा। पिछला साल कइल गइल विस्तार के बाद जीडीए के दायरा 642 वर्ग किलोमीटर के हो चुकल बा। बैठक में मवजूद सीईओ गीडा से मुख्यमंत्री निवेश के लेके जानकारी लिहलें।

लैंड बैंक बढ़ावे पs देले जोर

ऊ लैंड बैंक बढ़ावे पs जोर देत कहले कि धुरिपायार क्षेत्र में अनुपजाऊ भूमि के अधिग्रहण शुरू कइल जाई। गीडा द्वारा एह क्षेत्र के महायोजना तइयार कइल जा रहल बा। जल्दिये जमीन के अधिग्रहणों होई। इहां करीब 8800 एकड़ जमीन के अधिग्रहण कइल जाये के बा। मुख्यमंत्री जिला में चल रहल बा। विकास योजना के बारे में चर्चा कइले। ऊ कहले कि आयुष विवि, सैनिक स्कूल आ प्रमुख सड़कन के निर्माण तेजी से कइल जाव। काम में लापरवाही ना होखे के चाहीं। नियमित रूप से एकर निगरानी कइल जाव। मुख्यमंत्री अधिकारियन से इस्लामिया कालेज आफ कामर्स के परिसर में भइल हादसा के जानकारी देले। बैठक में एडीजी जोन अखिल कुमार, मंडलायुक्त रवि कुमार एनजी, जिलाधिकारी कृष्णा करुणेश, एसएसपी गौरव ग्रोवर, नगर आयुक्त अविनाश सिंह, सीईओ गीडा पवन अग्रवाल, जीडीए उपाध्यक्ष महेंद्र सिंह तंवर, सचिव उदय प्रताप सिंह आदि उपस्थित रहल लो।

सड़क पs स्थापित ना हो पावे दुर्गा प्रतिमा

मुख्यमंत्री पुलिस के अधिकारियन से दुर्गा पूजा के तैयारियन के लेके चर्चा कइले। ऊ कहले कि सड़क पs दुर्गा प्रतिमा स्थापित ना कइल जाव। समितियन के साथे बात कs के ओह लो के सड़क पs मूर्ति स्थापित ना करे खातिर तइयार कइल जाव। आवागमन में कवनो प्रकार के दिक्कत ना आवे के चाहीं। ऊ कहले कि आपसी सौहार्द बनावे खातिर लोगन से संवाद कइल जाव। सुरक्षा के प्रबंध कइल जाव। मुख्यमंत्री प्रतिमा विसर्जन के तइयारी करे के कहले। मंडलायुक्त के निरदेस देले कि सड़कन के दुरुस्त करा लिहल जाव। बिजली के तार ठीक कs लिहल जाव। तालाबन के सफाई करा लिहल जाव।

साभार: जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]