[the_ad_group id="30365"]

डीएम प्रेम रंजन सिंह कइलें कार्यालयन के निरीक्षण, बोलले- शिकायतन के समय से कइल जाव समाधान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नवागत डीएम प्रेम रंजन सिंह बियफ़े के कलेक्ट्रेट के सब कार्यालयन के निरीक्षण कइलें। उ रिकार्ड के बेहतर तरीका से सुरक्षित रखले के संगही कर्मचारियन से परिचय लिहलें।

डीएम नजारत, अभिलेखागार, शस्त्रागार सहित दूसर कार्यालयन पर कार्यरत अधिकारी, कर्मचारी अउरी पटल प्रभारी से लंबित पत्रावलियन के बिना लेट कइले समाधान कइले अउरी कौनो भी पत्रावली के अनावश्यक रूप से पटल पर न रोके के निर्देश दिहलें।

उ कहलेंकि जौन भी शिकायत बा, ओकरे नियमानुसार गुणवत्तापरक निस्तारण कइल जाव। उ कर्मचारियन के उपस्थित पंजिका सहित सब आवश्यक दस्तावेजन के जांच कइलें। डीएम कहलें कि शासन के मंशा के अनुरूप सब अधिकारी अउरी कर्मचारी समय से कार्यालय आवें। एह दौरान एडीएम मनोज कुमार सिंह, ओएसडी बलदाऊ शर्मा समेत अन्य लोग मौजूद रहल।

नगर निकाय में विकास अउरी बुनियादी सुविधा देहल जाव : डीएम

कलेक्ट्रेट सभागार में बियफे के डीएम प्रेम रंजन सिंह के अध्यक्षता में मुख्यमंत्री नगर सृजन योजना के बइठक भइल। जेमें नया विस्तारित नगरीय निकाय में नागरिकन के मूलभूत सुविधा जइसन पेयजल आपूर्ति, ठोस अपशिष्ट प्रबंधन, मार्ग प्रकाश व्यवस्था, सड़क, स्वास्थ्य, शिक्षा आदि को लेकर चर्चा कइल गइल।

डीएम प्रेम रंजन कहलें कि मुख्यमंत्री नगर सृजन योजना के उद्देश्य नगर निकाय के विकसित कइल अउरी नागरिकन के बुनियादी सुविधा देहल गइल बा। उ नगर निकाय में सीवरेज, पेयजल, पार्किंग, सड़क, पार्क, सामुदायिक भवन, परिषदीय विद्यालय, आंगनबाड़ी केंद्र, बाजारों में स्ट्रीट लाइट, चौराहा के सौंदर्यीकरण अउरी बिजली क्षेत्र के आधारभूत संरचना के विकसित करे के संबंध में संबंधित विभागीय अधिकारियन के निर्देश देहलें।

डीएम नगरीय निकाय से संबंधित अधिकारियन के डीपीआर के जांच क के उनके भेजे के निर्देश दिहलें। बैठक में एडीएम मनोज कुमार सिंह, एसडीएम सदर अजय कुमार त्रिपाठी, एसडीएम रवींद्र कुमार, डीएसटीओ नागेंद्र कुमार सिंह, एक्सईएन पीडब्ल्यूडी रामजीत प्रसाद, एक्सईएन विद्युत दिव्य रंजन, ईओ मेंहदावल संदीप कुमार सरोज, ईओ बखिरा दिनेश कुमार सिंह समेत दूसर अधिकारी कर्मचारी लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]