Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ईडी के बड़ खुलासा: पीएम मोदी पर हमला खातिर PFI बनवले रहे खतरनाक प्लान, निशाना पs रहल बिहार के रैली

144

प्रवर्तन निदेशालय (ED) पॉपुलर फ्रंट ऑफ इंडिया (पीएफआई) के लेके एगो अउर सनसनीखेज खुलासा कइले बा। अधिकारियन के दावा बा कि एह साल जुलाई में बिहार के राजधानी पटना में पीएफआई(PFI) प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पर हमला करे के खतरनाक योजना बनवलें रहे। एकरे खातिर संगठन पटना में ट्रैनिंग कैंप भी लगवले रहलें अउर कई सदस्यन के ट्रेनिंग देहलें के काम कइलस। एतने नाइ, वित्तपोषण खातिर कई विदेशी ताकतन के संपर्क में रहनें। पीएम मोदी के हर गतिविधियन पर नजर रखल जात रहे। मीडिया के रिपोर्ट के मुताबिक खाली पीएम मोदी पर ही हमला नाइ, बलुक PFI दूसर हमला खातिर भी टेरर मॉड्यूल तैयार करत रहे।

पीएफआई 120 करोड़ रुपया जुटवले रहल: ईडी

ईडी एगो अउरी खुलासा करत कहलें कि पिछले कुछ बरिस में संगठन लगभग 120 करोड़ रुपया जुटवले रहे। एह पईसा के उपयोग कs के देश भर में दंगा अउरी आतंकी गतिविधियन के अंजाम देवे खातिर योजना रहल। एतने नाइ, एह पइसा के उपयोग फरवरी 2020 के दिल्ली दंगा हिंसा भड़कावे के अलावा हाथरस में दंगा भड़कावे खातिर भी कइल गइल रहे।

पीएफआई के खिलाफ कार्रवाई के नाम ‘ऑपरेशन ऑक्टोपस’

पीएफआई के खिलाफ कार्रवाई करे खातिर NIA ‘ऑपरेशन ऑक्टोपस’ चलवले रहे। बता देईं कि 22 सितंबर के 11 राज्य में एनआईए, ईडी अउरी राज्य पुलिस के एगो संयुक्त टीम ओर से कइल गइल कई छापा में 106 से अधिक पीएफआई सदस्यन के गिरफ्तार कइल गइल रहे। ईडी संगठन के तीन अन्य पदाधिकारियन के दिल्ली से हिरासत में लिहल गइल रहे। एहमें परवेज अहमद, मोहम्मद इलियास अउरी अब्दुल मुकीत के नाम शामिल बा। 2018 से पीएफआई के खिलाफ मनी लॉन्ड्रिंग जांच शुरू होखले के के बाद से एजेंसी एह सब से कई बेर पूछताछ कइल गइल।

340420cookie-checkईडी के बड़ खुलासा: पीएम मोदी पर हमला खातिर PFI बनवले रहे खतरनाक प्लान, निशाना पs रहल बिहार के रैली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.