[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: दू दिवसीय दौरा पर कल अइहें मुख्यमंत्री योगी, BRD के स्वर्ण जयंती समारोह में होइहें शामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दू दिवसीय दौरा पर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिचर के गोरखपुर अइहें। ऊ उहां बीआरडी मेडिकल कॉलेज के स्वर्ण जयंती समारोह में शामिल होइहें। ओही दिन दूपहर बाद उद्यमियन अउर व्यापारियन के साथ विभिन्न मुद्दा पर संवाद करिहें।

जिला प्रशासन अउर उद्योग विभाग कार्यक्रम के तैयारी में जुटल बा। 181 उद्यमियन अउर व्यापारियन के सूची तैयार कइल गइल बा। कार्यक्रम एनेक्सी भवन सभागार में दुपहर बाद तीन बजे से होई।

मुख्यमंत्री शनिचर सुबह गोरखपुर पहुंचिहें अउर बीआरडी मेडिकल कॉलेज के स्वर्ण जयंती समारोह में शामिल होइहें। दुपहर बाद मुख्यमंत्री एनेक्सी भवन सभागार में उद्यमियन अउर व्यापारियन से मुलाकात करिहें। एह दौरान गोरखपुर के औद्योगिक विकास के संभावना पर भी चर्चा होई। साथ ही औद्योगिक विकास के मार्ग में आवे वाली व्यावहारिक दिक्कतन पर भी चर्चा कइल जाई। उद्यमियन से विकास के ले के सुझाव भी लिहल जाई।

मुख्यमंत्री, व्यापारियन के उनकर समस्या सुनले के सथही उनकर फीडबैक लीहें। करीब एक घंटा के एह कार्यक्रम में उद्यमियन अउर व्यापारियन के अपने बात रखले के अवसर मिली। संवाद कार्यक्रम से पहिले उपायुक्त कार्यालय में उद्यमियन के बैठक भी बुलवले के संभावना बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]