[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: कई घण्टा प्लेटफॉर्म पर ठाढ़ रहलें यात्री, थक के चूर हो गइलें बुजुर्ग अउर महिला लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दरभंगा-नई दिल्ली स्पेशल (02569) ट्रेन करीब सवा दू घंटा के देरी से गोरखपुर जंक्शन पहुंचल। ट्रेन के काफी देर के कैंट स्टेशन पर ही ठाढ़ कs दिहल गइल।
दिल्ली जाए खातिर बुध के बेबी सिंह परिवार के संगे पहुंचल रहली। उनके संगे हृदय रोगी एगो बुजुर्ग भी रहनें जौन दिल्ली रूटीन चेकअप करावे जात रहलें। काफी देर खड़ा रहले के बाद जब उनकर बेचैनी बढ़ल त सभे परेशान हो गइल। ट्रेन कब आई, केहू के पता नाइ चल पावत रहल। जौन सूचकांक लागल रहे ओ पर गलत समय दर्शावत रहे।
इहे हालात ओ सब यात्रियन के भी रहल, जे अपने ट्रेन के इंतजार में कई घण्टा प्लेटफॉर्म पर समय व्यतीत कइल। दरभंगा-नई दिल्ली स्पेशल सवा दू घंटा के देरी से प्लेटफॉर्म पांच पर पहुंचल त सभे राहत के सांस लीहल। एही तरे बिहार से आवे वाली ज्यादातर ट्रेन कई घण्टा देर से गोरखपुर जंक्शन पहुंचल। ट्रेन के इंतजार में बहुत यात्री घंटा भर प्लेटफॉर्म पर खड़ा रहलें। बुजुर्ग अउर महिला सब थक के चूर हो गइलें अउर फर्श पर ही बैठ गइलें।
ट्रेन के सूचना जाने खातिर रहलें परेशान

स्टेशन के पूछताछ केंद्र पर भी यात्रियन के भीड़ जुटल रहल। यात्री ट्रेन के सूचना के ले के परेशान रहल। उनके विलंब से आवे वाले स्पेशल ट्रेन के सूचना सही नाइ मिल पवलस।

देर से आवे वाली प्रमुख ट्रेन

       ट्रेन                                        विलंब (घंटा में)
गोरखधाम एक्सप्रेस  12556                  2:30
नई दिल्ली-न्यू गुवाहटी 00402               15: 00
आनंद-विहार-छपरा स्पे. 04038              7:00
चंडीगढ़-डिब्रूगढ़ एक्स. 15904                3:20
अंबाला-सिकंराबाद स्पेशल 05522         14:40
दुर्ग-नौतनवां स्पेशल 18201                    3:32
बरौनी-बांद्रा एक्स.  19038                     7:24
अमृतसर-दरभंगा एक्सप्रेस                        3:55
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]