[the_ad_group id="30365"]

आजु से ट्विटर में कर्मचारियन के छंटनी शुरू, खर्च घटा के मस्क बचइहें 82 अरब रुपयाआजु से ट्विटर में कर्मचारियन के छंटनी शुरू, खर्च घटा के मस्क बचइहें 82 अरब रुपया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुनिया के सबसे रईस एलन मस्क ट्विटर के अधिग्रहण के बाद उनकर लागत घटवले के प्रयास शुरू कs दिहले बानें। ट्विटर में कर्मचारियन के छंटनी आजु से शुरू हो गइल बा। मस्क कंपनी के बुनियादी ढांचा के लागत घटा के करीब एक अरब डॉलर 82 अरब रुपया बचावल चाहतने।
एक रिपोर्ट के अनुसार मस्क ट्विटर इंकार्पोरेशन के नयका प्रबंधक से कहले बानें, कि ऊ इंफ्रास्ट्रक्चर के लागत कम करे ख़ातिर कदम उठावें। ऊ कहनें कि ऊ ट्विटर के खर्च सालाना 1 अरब डॉलर कम कइल चाहतने। मस्क खर्च में कटौती के एह योजना के ‘डीप कट्स प्लान’ नाम दिहले बानें।
खर्च कटौती के योजना से जुड़ल सूत्र के अनुसार ट्विटर के एके आंतरिक संदेश में कहल गइल बा कि कंपनी के लक्ष्य सर्वर अउर क्लाउड सेवा से रोजाना 15 लाख डॉलर अउर 30 लाख डॉलर के बचत करे के बा। आंतरिक दस्तावेज के अनुसार ट्विटर के फिलहाल रोज 30 लाख डॉलर के नुकसान हो रहल बा। हालांकि, एह योजना के ले के अधिकृत रूप से बयान नाइ आइल बा।

बुनियादी ढांचा के खर्च में कटौती से ई बा बड़ खतरा

ट्विटर के सूत्र कहलें कि बुनियादी ढांचा लागत में भारी कटौती से ट्विटर के वेबसाइट अउर ऐप के महत्वपूर्ण राजनीतिक अउर अन्य घटना के वक्त खतरा में डाल सकsता। जब बड़ संख्या में यूजर्स एकरे सेवा के इस्तेमाल करे जाई त ई डाउन हो सकsता। एगो सूत्र कहलस कि सोशल मीडिया साइट अतिरिक्त सर्वर स्पेस में कटौती के साथ  उच्च ट्रैफिक के सम्हरले के क्षमता विकसित करे पs भी विचार कर रहल बा।

एहलिए कs रहल बानें छंटनी 

एलन मस्क कहलें कि ऊ ट्विटर के आर्थिक रूप से सक्षम बनावल चाहतने, एहलिए सुक्क से कर्मचारियन के छंटनी भी शुरू हो रहल बा। एह दिशा में ऊ पहिले दिन से ही बड़ फैसला शुरू कs दिहल गइल बा। सबसे पहिले ऊ सीईओ पराग अग्रवाल समेत दिग्गज अधिकारियन के बर्खास्त कs दिहलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]