[the_ad_group id="30365"]

खुशखबर: गोरक्षनगरी में खुली प्रदेश के पहिला क्षेत्रीय फिल्म सिटी, सौ करोड़ के होई निवेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में प्रदेश के पहिला क्षेत्रीय फिल्म सिटी खोलल जाई। गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) जिला प्रशासन से एकरे खातिर 100 एकड़ जमीन के मांग कइले बानें।

डीएम कृष्णा करुणेश के निर्देश पर गोरखपुर-वाराणसी मार्ग पर स्थित ताल नदौर में फिल्म सिटी के लिए जमीन उपलब्ध करावे के तैयारी बा। प्राधिकरण के उपाध्यक्ष महेंद्र सिंह तंवर अउर सचिव उदय प्रताप सिंह, मुंबई से आइल सिनेमा जगत के विशेषज्ञन के संगे ताल नदौर क्षेत्र के दौरो कs चुकल बानें।

बेहतर कनेक्टिविटी के लिहाज से एह जगह के फिल्म सिटी खातिर बेहतर विकल्प बतावल जा रहल बा। क्षेत्रीय फिल्म सिटी के स्थापना पs करीब 100 करोड़ रुपया के निवेश होखले के संभावना बा। एकरे खातिर शासन स्तर से संवादो हो चुकल बा।

गोरखपुर क्षेत्र भोजपुरी अउर नेपाली सिनेमा के हब बन चुकल बा। अनुमान के मुताबिक, वर्तमान में भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री दू हजार करोड़ रुपया से ऊपर के उद्योग बन चुकल बा। भोजपुरी के सथही आवे वाले दिन में प्रदेश में अवधी, बुंदेलखंडी, बृज अउर अन्य क्षेत्रीय सिनेमा के उभरले के संभावना बा।

गोरखपुर में क्षेत्रीय फिल्म सिटी के स्थापना से एह संभावना के बल मिली। गोरखपुर में फिल्म सिटी खातिर सांसद रवि किशन भी लमहर समय से प्रयासरत बानें। खुद, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अलगे-अलगे मंच से कई बेर गोरखपुर में क्षेत्रीय फिल्म सिटी के स्थापना के संकेत दे चुकल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]