[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में टलल बड़ हादसा: बस के टक्कर से ऑटो में लागल  आग, चालक  कूदके बचवलस जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

गोरखपुर जिले में चिलुआताल थाना क्षेत्र के महुआतर तिराहे पs शुक के बस के टक्कर के बाद सीएनजी ऑटो में आग लाग गइल। धू-धूक के जल रहल ऑटो से चालक कूदके जान बचवल। घटना के सूचना पs पहुंचल फायर ब्रिगेड के गाड़ियन आग पs काबू पइलस।

जानकारी के मोताबिक, गोरखनाथ थाना क्षेत्र के बिंलदपुर खत्ता निवासी जयप्रकाश पासवान ऑटो चलाके जीवनयापन करत रहे। ऊ शुक के दिन में 12 बजे धर्मशाला बाजार से मानीराम खातिर सवारी लेके निकलल। यात्रियन के उतारे के बाद महुआतर तिराहे पs जइसे आगे बढल, ऑटो में एक बस  टक्कर मार देलस। टक्कर के कुछ ही मिनट में ऑटो में आग लग गइल।

हादसा के बाद चालक बस लेके फरार हो गइल। आग लागत ही चालक जयप्रकाश ऑटो से कूद गइल। एह दौरान ऊ घायल हो गइल । आग से सड़क पs अफरा-तफरी के माहौल हो गयइल। सूचना पs पहुंचल फायर ब्रिगेड के गाड़ी  आग पs काबू पइलस। चालक जयप्रकाश के प्राथमिक उपचार करावल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]