[the_ad_group id="30365"]

बीना के लगे वंदे भारत ट्रेन में आग लागल: रानी कमलापति से निजामुद्दीन जात रहे, यात्रियन के सुरक्षित बाहर निकालल गइल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रानी कमलापति से निजामुद्दीन जा रहल वंदे भारत ट्रेन के C-14 कोच में आग लाग गइल। घटना बीना से पहिले भइल। ट्रेन में सफर कs रहल यात्री के मोताबिक आग बैटरी से लागल।

20171 भोपाल-हजरत निजामुद्दीन वंदे भारत सोमार के सबेरे 5.40 पs रवाना भइल। बीना रेलवे स्टेशन से पहिले कुरवाई केथोरा में ट्रेन के C-14 कोच में आग लाग गइल। कोच में करीब 36 यात्री बा लो। सबेरे 7.10 बजे कुरवाई केथोरा में ट्रेन के रोक के यात्रियन के सुरक्षित नीचे उतारल गइल। दमकल टीम मौका पs बाड़ी सs।

ट्रेन में यात्रा कs रहल पवन कुमार बतवलें, ‘C-14 कोच में जहां उनकर सीट बा, ओकरा बॉटम से आग धधकला के आवाज आइल। सब पैसेंजर्स भागल लो। ट्रेन रुकल तs लउकल बैटरी में आग लागल रहे।’ पवन भोपाल से दिल्ली जात रहस।

यात्रा करत रहे लो कइयन VIP, पूरी ट्रेन के खाली करावल गइल 

वंदे भारत ट्रेन में कांग्रेस नेता अजय सिंह, IAS अविनाश लवानिया सहित कइयन गो आउर VIP सफर कs रहल बा लो। घटना के बाद पूरा ट्रेन के खाली करा लिहल गइल।

MP के पहिला वंदे भारत हs रानी कमलापति-निजामुद्दीन

रानी कमलापति-निजामुद्दीन-रानी कमलापति के बीच चले वाली वंदे भारत मध्यप्रदेश के पहिला वंदे भारत ट्रेन हs। 4 महीना पहिले 1 अप्रिल के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एकरा रानी कमलापति से हरियर झंडी देखवले रहस। इनॉग्रल रन में ई ट्रेन आगरा तक गइल रहे। ऑफिशियल रन 2 अप्रिल से सुरू भइल। ट्रेन निजामुद़्दीन से रानी कमलापति आइल। 3 अप्रैल के रानी कमलापति से निजामुद्दीन खातिर चलल।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]